Blind T20 World Cup : भारतीय दृष्टिबाधित महिला टीम बनल विश्व चैंपियन, फाइनल में नेपाल के हरवलस

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 24, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय महिला दृष्टिबाधित टीम टी20 वर्ल्ड कप के खिताब अपना नावे कs लेलस। कोलंबो के पी सारा ओवल मैदान में खेलल गइल फाइनल मुकाबला में भारत नेपाल के सात विकेट से हरवलस। ई

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय महिला दृष्टिबाधित टीम टी20 वर्ल्ड कप के खिताब अपना नावे कs लेलस। कोलंबो के पी सारा ओवल मैदान में खेलल गइल फाइनल मुकाबला में भारत नेपाल के सात विकेट से हरवलस। ई टूर्नामेंट पहिला बेर आयोजित भइल रहे आ भारत एह वैश्विक कप के जीत के इतिहास रच देलस।

भारत नेपाल के 5 विकेट पs 114 रन पs रोक देलस। जवाब में भारतीय टीम 12 ओवर में 3 विकेट पs 117 रन बनावत लक्ष्य हासिल कs लेलस।

फाइनल में भारत के जबरदस्त दबदबा

फाइनल मैच में भारत के खेल एतना मजबूत रहे कि नेपाल के टीम पूरा पारी में बस एगो बाउंड्री लगा सकल। भारत खातिर सबसे जादे रन फुला सारेन बनवली, जे 44 रन बनाके नाबाद रहली। सेमीफाइनल में भारत ऑस्ट्रेलिया के हरवले रहे जबकि नेपाल पाकिस्तान के हराके फाइनल में पहुंचल रहे।

टूर्नामेंट में पाकिस्तान के मेहरीन के दबदबा

टूर्नामेंट के सह-मेजबान श्रीलंका सुरुआती दौर में पांच में बस एक मैच जीत सकल। पाकिस्तान के मेहरीन अली एह टूर्नामेंट में सबसे जादे रन बनावे वाली बल्लेबाज बनली। ऊ 600 से जादे रन ठोक देली, जेमे श्रीलंका खिलाफ 78 गेना पs 230 रन सामिल बा। ऑस्ट्रेलिया खिलाफ के ऊ 133 रन बनवले रहली।

Read Also: Delhi News : प्रदूषण के खिलाफ विरोध में इंडिया गेट पs लागल मारल गइल नक्सली हिडमा के नारा, कइयन गो प्रदर्शनकारी हिरासत में

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.