Gorakhpur News : एम्स के पूर्व ईडी डॉ. सुरेखा किशोर खिलाफ ऋषिकेश में जांच सुरू

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2025

गोरखपुर। अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) गोरखपुर के पूर्व कार्यकारी निदेशक डॉ. सुरेखा किशोर पs अब एम्स ऋषिकेश में जांच सुरू हो गइल बा। आरोप बा कि डॉ. सुरेखा आपन दुगो बेटा के एम्स गोरखपुर

Share

AIIMS Gorakhpur former director Surekha Kishor under investigation in Rishikesh over job allegations

गोरखपुर। अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) गोरखपुर के पूर्व कार्यकारी निदेशक डॉ. सुरेखा किशोर पs अब एम्स ऋषिकेश में जांच सुरू हो गइल बा। आरोप बा कि डॉ. सुरेखा आपन दुगो बेटा के एम्स गोरखपुर में नियम-कानून के धज्जी उड़ावत नौकरी दियवली, एह ममिला में उनका के हटावलो गइल रहे। एम्स ऋषिकेश के प्रबंधन गोरखपुर एम्स से डॉ. सुरेखा के बेटन के हाजिरी रजिस्टर के मूल कॉपी मंगवले रहे, बाकिर पता चलल कि रजिस्टरे गायब बा।

असल में, एम्स गोरखपुर के पूर्व निदेशक डॉ. सुरेखा किशोर के खिलाफ विजिलेंस के जांच पूरा हो चुकल बा। आरोप पत्र दाखिल होखे से पहिले स्वास्थ्य मंत्रालय उनका के पद से हटा देलें। काहेकि डॉ. सुरेखा के मूल तैनाती एम्स ऋषिकेश में रहे, एह चलते अप्रिल 2024 में गोरखपुर एम्स पूरा ममिला एम्स ऋषिकेश के हवाले कs देलस।

अब जांच के दौरान डॉ. सुरेखा किशोर, जांच कs रहल टीम से अपना बेटन के उपस्थिति वाला मूल रजिस्टर मंगावे के कहले बिया। ओकर कहनाम बा कि शिकायत फोटो कॉपी के आधार पs भइल बा, आउर ई सही आधार नइखे मानल जा सकत।

एही क्रम में एम्स ऋषिकेश से एगो कर्मचारी के रजिस्टर लेवे खातिर गोरखपुर भेजल गइल। बाकिर रजिस्टर ना मिलल तs कर्मचारी खाली हाथ लवट गइल। बता दीं कि डॉ. सुरेखा के दुनो बेटा के नियुक्ति 2021 में भइल रहे।

एम्स के मीडिया सेल के चेयरपर्सन डॉ. आराधना सिंह बतवली कि एम्स ऋषिकेश से कर्मचारी आइल रहे आ पूर्व ईडी के बेटन के उपस्थिति के मूल रजिस्टर मांगल गइल रहे, बाकिर रजिस्टर मिलत नइखे। एह बात के सूचना दे दिहल गइल बा।

Read Also: Smriti Mandhana Net Worth : स्मृति मंधाना के सालाना कमाई मंगेतर पलाश पs भारी! बैंक बैलेंस के देवेली कड़ा टक्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.