[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में उफनत यमुना से बिगड़ल हालात, ITO में बिजली के खंबन से राहगीरन के लागल झटका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली में यमुना के बाढ़ बा।। यमुना में पानी के स्तर बढ़ला के चलते कई क्षेत्र में पानी के प्रवेश भईल बा। आईटीओ आ राजघाट में पानी बा। पानी भरला के बाद अब प्रशासन के लापरवाही भी देखाई देता। आईटीओ में लगावल बिजली के खंभा में करंट लगला से भी बहुत राहगीरन के करंट लागल बा। एकरा बाद ही उ आम जनता के प्रशासन के ए लापरवाही के बारे में जागरूक कईले।

बता दीं कि आजुकाल्ह दिल्ली में यमुना के बाढ़ बा। एकरा चलते दिल्ली के आईटीओ अवुरी आसपास के इलाका में पानी तेजी से भर रहल बा। दिल्ली सरकार के अधिकारी रात भर काम कईले कि यमुना के पानी शहर में ना घुसे। एकरा बावजूद उनुका सफलता नईखे मिलल। अब हालात अउरी खराब होखत देख दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल सेना अवुरी एनडीआरएफ के टीम के मौका पs भेजे के मांग कईले बाड़े।

उ एकरा बारे में एगो ट्वीट कईले। एह ट्वीट में ऊ लिखले बाड़न कि शहर के भीतर यमुना के पानी आवे के चलते आईटीओ आ ओकरा आसपास बाढ़ आ गइल बा । इंजीनियर लोग रात भर काम करत रहे। हम अब मुख्य सचिव के निर्देश देले बानी कि सेना अवुरी एनडीआरएफ के मदद लेवे के चाही। लेकिन एकरा के तुरंत ठीक करे के चाही।

गुरुवार के 208.62 मीटर ले पहुंच गईल

गुरुवार के दुपहरिया 2 बजे ले यमुना के जलस्तर 208.62 मीटर हो गईल रहे। ई खतरा के निशान 205 मीटर से 3 मीटर से अधिका बा। यमुना वजीराबाद से ओखला ले 22 किमी में बा। केंद्रीय जल आयोग के आशंका बा कि जब पानी के स्तर 209 मीटर हो जाई त अधिकांश इलाका डूब जाई। इहाँ एनडीआरएफ के 12 टीम के तैनात कईल गईल बा। 2700 राहत शिविर बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]