सीबीआई पूछताछ से पहिले सिसोदिया के हमला, ‘इनकर खाली एक्के मकसद, गुजरात में प्रचार में न जा पाईं’

कुमार आशू
सीबीआई राष्ट्रीय राजधानी में आबकारी नीति बनावे अउर उनके लागू करे के कथित भ्रष्टाचार के सिलसिला में पूछताछ खातिर आजु 11 बजे दिल्ली के उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के तलब कइले बानें। एह संबंध में सिसोदिया के समन भेजा गइल गइल बा। उहवें, दिल्ली पुलिस दिल्ली के उप मुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के सरकारी आवास के आसपास धारा 144 लगवलस। भारी संख्या में पुलिस बल तैनात कइल गइल।
सुबह आम आदमी पार्टी के करीबन 20-25 कार्यकर्ता उप मुख्यमंत्री के आवास के पास पहुंच के नारेबाजी करत रहलें। पुलिस सब कार्यकर्ता लोग के तितर बितर कर दिहलस। गौरतलब बा कि सीबीआई उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के आजु 11 बजे पूछताछ खातिर बुलावल गइल।

उहवें, आजु सुबह मनीष सिसोदिया करत भाजपा पर हमला बोललें

Share This Article