[the_ad_group id="30365"]

Singham Again Release Date: सस्पेंस भइल खत्म, लॉक भइल ‘सिंघम अगेन’ के रिलीज डेट, एह फिल्म से होई टक्कर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुपरस्टार अजय देवगन (Ajay Devgn) के अपकमिंग फिल्म सिंघम अगेन के लेके फैंस काफी उत्साहित बाड़े। अब उनकर ई एक्साइटमेंट काफी बढ़े वाला बा काहेकि मेकर्स के ओर से सिंघम के तीसरका किस्त यानी सिंघम 3 के रिलीज डेट (Singham Again Release Date) के एलान कऽ दिहल गइल बा। अइसे में आई जानल जाव कि अजय के सिंघम अगेन सिनेमाघरन में कब रिलीज होई।

निर्देशक रोहित शेट्टी (Rohit Shetty) के कॉप यूनिवर्स के अगिला किस्त सिंघम अगेन के लेके एह घरी जबरदस्त हाइप बनल बा। अजय देवगन (Ajay Devgn) के सिंघम के अवतार में वापसी करत देखे खातिर फैंस काफी बेताब बाड़े। लंबा वक्त से सिंघम अगेन के रिलीज डेट (Singham Again Release Date) के लेके सस्पेंस के बदरी मंडरात रहे। बाकिर अब रोहित शेट्टी एकरा राज से पर्दा उठा देले आ सिंघम अगेन के रिलीज डेट के एलान कऽ देले।

सिंघम अगेन के रिलीज डेट के भइल एलान

अजय देवगन के सिंघम अगेन (Singham Again) के लेके ए घरी खूब चर्चा चल रहल बा। एह साल बॉलीवुड के सबसे बड़ रिलीज मानल जा रहल  एह मूवी के लेके फैंसो काफी एक्साइटेड बाड़े। अइसन मानल जात रहे कि स्वतंत्रता दिवस के मौका पs रोहित शेट्टी के सिंघम अगेन बड़का परदा पs दस्तक दी। बाकिर अब खुद डायरेक्टर फिल्म के रिलीज के आधिकारिक घोषणा कऽ देले बाड़े।

शुक के रोहित सोशल मीडिया पs फैंस के सिंघम अगेन के लेके बड़ खुशखबरी देले आ एकरा मोताबिक ई फिल्म अब एह साल दीवाली के खास अवसर पs सिनेमाघरन में रिलीज होई। इंस्टाग्राम पs रोहित सिंघम अगेन के नया पोस्टर के साथे लिखले बाड़े – शेर आंतक मचावेला आ घायल शेर तबाही। थिएटर्स में हमनीं के फिल्म देखे खातिर तैयार हो जाई। एह तरे उऽ सिंघम अगेन के लेके बड़ अपडेट साझा कइले बाड़े।

एह फिल्म से होई सिंघम अगेन के क्लैश

अजय देवगन के बॉक्स ऑफिस क्लैश में रिकॉर्ड काफी शानदार रहल बा आ सिंघम अगेन के जरिए उऽ एकरा के बरकरार राखे के चाहत बाड़े । काहेकि अब सिंघम अगेन के बॉक्स ऑफिस क्लैश कार्तिक आर्यन के हॉरर कॉमेडी फिल्म भूल भुलैया 3 से होखे वाला बा, जो दीवाली पs एही साल रिलीज होखे वाला बिया।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]