गायिका देवी के कार्यक्रम में चलल कुर्सी: बक्सर में संत समागम में स्टेज पर अइते बेकाबू भइल भीड़, लाठीचार्ज करे के पड़ल

Share

बक्सर में संत समागम के तीसरे दिन बियफ़े के लोग गायिका देवी के कार्यक्रम में जम के कुर्सी चलल। अहिरौली में मशहूर फिल्म स्टार कल्लू उर्फ अरविन्द अकेला अउर प्रसिद्ध गायिका देवी जब स्टेज पर गावे खातिर पहुंचलें त भीड़ बेकाबू हो गइल। दर्शक लोग बैरिकेडिंग तूड़े के कोशिश करे लगने। पुलिस समझावे के कोशिश कइलें। त कुर्सी फेंकल शुरू हो गइल। भीड़ पर काबू पवले खातिर पुलिस वालन के लाठीचार्ज करे के पड़ल। 1 घंटा बाद पुलिस भीड़ पs काबू पवलस। एमें 2 सिपाही घाही भी भइल बानें।

एकर वीडियो भी सामने आइल बा। वीडियो में दिख रहल कि स्टेज से अरविन्द अकेला लोग के समझावे के कोशिश कs रहल बा, लेकिन भीड़ कुर्सी फेंके लागल बा। कार्यक्रम में काफी अफरा-तफरी के माहौल रहल। बेर-बेर पुलिस द्वारा लोग से शांति बनवले के अपील कइल जा रहल बा। उहवें करीब एक घंटा ले चलल हंगामा के बाद पुलिस भीड़ के सम्हरले में कामयाब भइलस। एकरे बाद जा के कार्यक्रम शुरू कइल जा सकल।

बता देईं कि बक्सर में 7 नवंबर से ही श्रीराम कर्म भूमि न्यास द्वारा सनातन संस्कृति समागम के संगे संध्या में साहित्यिक सांस्कृतिक कार्यक्रम लगातार चल रहल बा। बियफे के सूची के अनुसार दिनेश लाल यादव उर्फ निरहुआ के कार्यक्रम होखे वाला रहल, लेकिन सुबह में कौनो खास शूटिंग के कारण निरहुआ नाइ पहुंचल रहनें। अचानक कल्लू अउर देवी के प्रोग्राम रख दिहल गइल।

हालांकि दर्शक लोग में एके ले के कोई नाराजगी नाइ रहल। काहेसेकि कि सभे कल्लू अउर देवी के भी सुनल पसंद करेने लेकिन कार्यक्रम रात 10 बजे के बाद से शुरू भइल। जइसही दूनों स्टार स्टेज पर पहुंचलें, भीड़ बेकाबू हो गइल। अंत मे बैरिकेडिंग तोड़ D एरिया में घुस गइल। जेके सम्हरले में पुलिस के पसीना छूट गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-