Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Pawan Singh: एलन मस्क ट्वीट कइलें पवन सिंह के गाना ‘लगावेलू जब लिपिस्टिक’? ममिला कुछ अउरिये निकलल

2,873

भोजपुरी अभिनेता आ सिंगर पवन सिंह के गाना ‘लॉलीपॉप लागेलू’ जबरदस्त हिट गाना ह। एह गाना प लोग पार्टियन में जमके डांस करेला। फिलहाल अब ई गाना आ एकर सिंगर पवन सिंह एक बेर फेर से चर्चा में आ गइल बाडें। दरअसल एकर शुरुआत एगो ट्वीट से भइल, जवना प पवन सिंह रिएक्शन देले बाड़ें। त चलीं जानल जाव पूरा माजरा।

फर्जी आईडी से ट्वीट कइल गइल रहे कि पवन सिंह के गाना

एलन मस्क जब से ट्वीटर के डील कइलें बाड़े तब से ऊ लगातार चर्चा में बनल बाड़ें। अपना एक के बाद एक फसीलन से ऊ आम से लेके खास तक के हैरान कर रहल बाड़ें आ लगातार ट्विटर प सक्रिय बाड़ें। एही बीच उनका नाम से फर्जी अकाउंट्स से खूब ट्वीट कइल जा रहल बा। हाले में एलन मस्क के नाम से बनल एगो फर्जी ट्विटर आईडी से पवन सिंह के गाना ट्वीट कइल गइल बा।

पवन सिंह का रिएक्शन वायरल

सिंगर पवन सिंह जइसही ई ट्वीट देखले त ऊ बिना सोचले समझले एह प रिप्लाई क देलें कि ई आईडी सही बा कि ना। हालांकि पवन सिंह एलन मस्क के जवना आईडी से टैग कइलें बाडें, ऊ एलन मस्क के आधिकारिक ट्विटर अकाउंट ह। पवन सिंह ट्वीट के कोट करत लिखलें- “एलॉन मस्क, ट्विटर आ 8 डॉलर के चर्चा में भोजपुरी के एंट्री हो गइल बा। शायद ई हमार गाना एह गरमा-गरम बहस में कुछ ठंडक पहुंचा सके! जय हो”। एह बारे में त नइखे कहल जा सकत कि पवन सिंह के ओह आईडी के फर्जी होखला के बारे में अंदाजा रहे कि ना बाकिर अब एकरा बाद लोग मजेदार तरीका से रिप्लाई करत नजर आ रहल बा।

सिंगर के यूजर लोग बतावल फेक आईडी के सच्चाई

पवन सिंह के ट्वीट प एगो यूजर रिएक्शन देत लिखलें- “फेक मस्क ह भइया रउआ रियल आईडी टैग कइले बानीं”। दूसरका यूजर लिखलें- ऊ फेक आईडी ह सर”। एही तरे से अउरियो लोग अलग-अलग प्रतिक्रिया देत नजर आ रहल बा लो। फिलहाल जवना फर्जी आईडी से पवन सिंह के गाना ‘लगावेलु जब लिपस्टिक’ ट्वीट कइल गइल रहे, ओकरा के सस्पेंड क दिहल गइल बा।

371370cookie-checkPawan Singh: एलन मस्क ट्वीट कइलें पवन सिंह के गाना ‘लगावेलू जब लिपिस्टिक’? ममिला कुछ अउरिये निकलल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.