एयर इंडिया के कुप्रबंधन पs केंद्रीय कृषि मंत्री शिवराज सिंह चौहान नाराजगी जतवले। शिवराज के गुस्सा एतना बढ़ गईल कि उs अपना दर्द के सोशल मीडिया पs शेयर कईले। शिवराज सिंह चौहान एयर इंडिया के फ्लाइट से भोपाल से दिल्ली आवत रहले। एही बीच उनुका के आवंटित सीट टूट के धसल रहे। ओकरा पs बइठे में भी परेशानी होखत रहे। एयर इंडिया के एs कुप्रबंधन पs भी उs सवाल उठवले।
टूटल-फूटल आ धसल सीट पs बइठ के सफर पूरा कइले
शिवराज सिंह चौहान पूसा किसान मेला के उद्घाटन करे दिल्ली आवत रहले. संगही, कुरुक्षेत्र में एगो मीटिंग आ चंडीगढ़ में किसान संगठन के प्रतिनिधि से चर्चा करे के योजना बा। आs भोपाल से दिल्ली आवे वाला एयर इंडिया के फ्लाइट नंबर AI436 के टिकट बुक कइले रहले। बाकिर जब ऊ अपना सीट पs बइठ गइलन तs ऊ टूट के धस गइल रहे. ओकरा पs बईठे में दिक्कत होखत रहे। उs एयर इंडिया के ए कुप्रबंधन के जिक्र करत एक्स पs एगो पोस्ट शेयर कईले।
आज मुझे भोपाल से दिल्ली आना था, पूसा में किसान मेले का उद्घाटन, कुरुक्षेत्र में प्राकृतिक खेती मिशन की बैठक और चंडीगढ़ में किसान संगठन के माननीय प्रतिनिधियों से चर्चा करनी है।
— Shivraj Singh Chouhan (@ChouhanShivraj) February 22, 2025
मैंने एयर इंडिया की फ्लाइट क्रमांक AI436 में टिकिट करवाया था, मुझे सीट क्रमांक 8C आवंटित हुई। मैं जाकर…
का ई सवारियन के धोखा नइखे देत?
शिवराज सिंह एही पs ना रुकलन. उs आगे लिखले कि, “हमरा इs धारणा रहे कि टाटा प्रबंधन के पदभार संभालला के बाद एयर इंडिया के सेवा में सुधार होईत, बाकिर इs हमार भ्रम निकलल। हमरा बईठे के असुविधा के चिंता नईखे, बाकिर यात्रियन से पूरा रकम लेवे के बाद, ओ लोग के खराब अवुरी बेकार सीट पs बईठावल अनैतिक बा। का इs यात्री के संगे धोखा ना होई? का एयर इंडिया प्रबंधन इs सुनिश्चित करे खातीर कदम उठाई कि ना।”