शिवसेना शिंदे गुट के शहर प्रमुख शब्बीर शेख के धारदार हथियार से हत्या, इलाके में मचल हड़कंप

Minee Upadhyay

 

 

शिंदे गुट के नगर प्रमुख शब्बीर शेख के काल्हु रात हत्या के दिहल गइल। ई हत्या तेज हथियार से कइल गइल बा। मामला मुंबई से सटल ठाणे जिला के उल्हासनगर से जुड़ल बा।

उल्हासनगर : मुंबई से सटल ठाणे जिला के उल्हासनगर से एगो बड़ घटना सोझा आईल बा। इहाँ शिंदे गुट के नगर प्रमुख शब्बीर शेख पे काल्ह रात कुछ अनजान लोग तेज हथियार से हमला कईले, जवना के चलते उनुकर मौत हो गईल। एह घटना के सोझा अईला के बाद पूरा उल्हासनगर में तनाव बा।

मिलल जानकारी के मुताबिक शब्बीर शेख अवुरी आरोपी के बीच कुछ पुरान विवाद चलत रहे। एही से अपराधी शिवसेना उल्हासनगर 5 शाखा प्रमुख शब्बीर शेख पे तेज हथियार से हमला क के हत्या क देले।

बगल के हिललाइन थाना में मामला दर्ज हो गईल बा अवुरी पुलिस आरोपी के तलाश में बिया।

साभार- न्यूज़ 18

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।