उज्जैन के महाकाल लोक हल्का तूफान आ पानी में तबाह हो गइल, सप्तर्षि के टूट गइल मूरति

By Anurag Ranjan

Published on: May 28, 2023

  महाकाल लोक में भगवान शिव सहित अन्य देवी-देवता के 190 से अधिक विशाल मूरति स्थापित कइल गइल बा। महाकाल लोक परियोजना के पहिला चरण में 310 करोड़ रुपया खर्च भईल। एकर उद्घाटन 11 अक्टूबर

Share

 

महाकाल लोक में भगवान शिव सहित अन्य देवी-देवता के 190 से अधिक विशाल मूरति स्थापित कइल गइल बा। महाकाल लोक परियोजना के पहिला चरण में 310 करोड़ रुपया खर्च भईल। एकर उद्घाटन 11 अक्टूबर 2022 के पीएम मोदी कइले रहले।

पिछला साल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भोपाल के महाकालेश्वर मंदिर के नया परिसर ‘महाकाल लोक’ के उद्घाटन कइले रहले। ई परिसर बहुते भव्यता से बनल रहे। बाकिर अतवार के दिने आइल तूफान आ बरखा एह भव्य परिसर के तबाह कर दिहलस। हर जगह बिगड़ल नजारा लउकत बा। महाकाल लोक में स्थापित सप्तर्षि के 7 में से 6 मूरति गिर गईल। एह दौरान बहुत भक्त बाल-बाल बचले। वर्तमान में मूर्तियन के बहाली खातिर महाकाल लोक बंद क दिहल गइल बा।

 

दुर्घटना के बाद महाकाल लोक से श्रद्धालु के निकालल गईल

रउरा सभे के बता दी कि 10 से 25 फीट ऊँच ई मूर्ति लाल पत्थर आ फाइबर रेनफोर्स प्लास्टिक के बनल बाड़ी सँ। दूसर ओर दुर्घटना के खबर अईते स्थानीय प्रशासनिक अधिकारी के टीम महाकाल लोक पहुंचल अवुरी उहाँ से भक्त के बाहर निकाल देलस। एगो अधिकारी बतवले कि बहुत तेज आंधी के चलते मूरति पेडस्टल से गिर गईल। लाल पत्थर अवुरी फाइबर रेनफोर्स प्लास्टिक से बनल ए मूरति के जीवन 10 साल के बा। पत्थर के मूरति बनावे में समय लागी। उ कहले कि क्रेन के मदद से मूरति के फेर से लगावल जाई।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.