Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ वनडे सीरीज में धवन बनावल जा सकेने कप्तान, टी20 टीम में शामिल सब खिलाड़ियन के आराम

713
Google Ads 300*250 for posts

भारत अउरी दक्षिण अफ्रीका के बीच वनडे सीरीज में शिखर धवन भारतीय टीम के कप्तान बन सकेने। न्यूज एजेंसी एएनआई ने बीसीसीआई सूत्र से ई जानकारी दिहल गइल बा। एह सीरीज में भारत के ओ सब खिलाड़ियन के आराम दिहल जाई, जे ऑस्ट्रेलिया में होखे वाले टी20 विश्व कप के टीम में शामिल बानें। अइसन में कप्तान रोहित शर्मा सहित विराट कोहली अउरी हार्दिक पांड्या जइसन अहम खिलाड़ी टीम के हिस्सा नाइ होइहें। एह स्थिति में शिखर धवन के कप्तानी मिलना तय है। एकरे अलावा वीवीएस लक्ष्मण के एह सीरीज में भारत के कोच बनावल जा सकsता। लक्ष्मण एसे पहिलहू जरूरत पड़ला पर भारतीय टीम के कोच बन चुकल बानें।

टी20 वर्ल्ड कप के आठवां संस्करण एह साल 16 अक्तूबर से 13 नवंबर ले ऑस्ट्रेलिया में होखे वाला बा। एहसे पहिले भारत 28 सितंबर से दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ तीन-तीन टी20 अउरी तीन वनडे मैच खेली। पहिला टी20 मैच 28 सितंबर के तिरुवनंतपुरम में आयोजित कइल जाई। दूसरा मैच 2 अक्तूबर, 2022 के गुवाहाटी में महात्मा गांधी की जयंती के अवसर पs खेलल जाई। एकरे बाद चार अक्तूबर के इंदौर में आखिरी टी20 मैच होई।

छह अक्तूबर से होई वनडे सीरीज

छह अक्तूबर के लखनऊ में वनडे सीरीज के शुरुआत होई। एह सीरीज में शिखर धवन भारत के कप्तान होइहें। वनडे सीरीज के दूसर मैच नौ अक्तूबर के रांची अउरी तीसरा मैच 11 अक्तूबर के दिल्ली में खेलल जाई।

326870cookie-checkदक्षिण अफ्रीका के खिलाफ वनडे सीरीज में धवन बनावल जा सकेने कप्तान, टी20 टीम में शामिल सब खिलाड़ियन के आराम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.