T20 World Cup India Squad: टी-20 वर्ल्ड कप खातिर टीम के एलान, बुमराह-हर्षल के वापसी, चाहर-शमी के जगे ना

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 12, 2022

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) आईसीसी टी20 वर्ल्ड कप खातिर टीम के एलान सोमार (12 सितंबर) के कs देलस। अनुभवी तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह आ हर्षल पटेल के टीम में वापसी भइल बा। मोहम्मद शमी

Share

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) आईसीसी टी20 वर्ल्ड कप खातिर टीम के एलान सोमार (12 सितंबर) के कs देलस। अनुभवी तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह आ हर्षल पटेल के टीम में वापसी भइल बा। मोहम्मद शमी आ दीपक चाहर के नइखे चुनल गइल। हालांकि, स्टैंडबाय खिलाड़ी के तौर प शमी आ चाहर के चुनल गइल बा। ओह लो के संगे श्रेयस अय्यर आ रवि बिश्नोई के स्टैंडबाय खिलाड़ी के तौर प रखल गइल बा।

15 सदस्यीय टीम में रवींद्र जडेजा नइखें। ऊ चोट के वजह से टीम के हिस्सा ना होइहें। एशिया कप के दौरान जडेजा के चोट लागल रहे। उनकर सर्जरी भइल बा आ ऊ करीब चार से पांच महीना तक ना खेल पइहें। जडेजा के स्थान पs अक्षर पटेल के चुनल गइल बा।

टीम एह तरे बा – रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल (उपकप्तान), विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, दीपक हुड्डा, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), दिनेश कार्तिक (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या, रविचंद्रन अश्विन, युजवेंद्र चहल, अक्षर पटेल, जसप्रीत बुमराह, भुवनेश्वर कुमार, हर्षल पटेल, अर्शदीप सिंह।

स्टैंडबाय: मोहम्मद शमी, दीपक चाहर, श्रेयस अय्यर, रवि बिश्नोई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.