Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Asia Cup 2022 Final: श्रीलंकाई शेर छउआ बेर बनले एशियाई चैंपियन, फाइनल में पाकिस्तान के 23 रन से पीटल लो

श्रीलंका दुबई इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में खेलल गइल एशिया कप 2022 (Asia Cup 2022) के फाइनल में पाकिस्तान के 23 रन से हराके छउआ बेर खिताब जीत लेलस। श्रीलंका खातिर भानुका नाबाद 71 रन बनवले।

699

Asia Cup 2022 Sri Lanka vs Pakistan Final: श्रीलंका दुबई इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में अतवार के खेलल गइल एशिया कप 2022 (Asia Cup 2022) के फाइनल में पाकिस्तान के 23 रन से हराके छउआ बेर खिताब अपना नामे कs लेलस। श्रीलंका एकरा पहिले 1986, 1997, 2004, 2008 आ 2014 में एशिया कप के खिताबा जीतले रहे। पाकिस्तान टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी करे के फसीला कइलस आ श्रीलंका 6 विकेट प 170 रन के स्कोर बनवलस। एकरा जवाब में पाकिस्तान के टीम निर्धारित 20 ओवर में 147 रन बना सकल। एह हार के संगही पाकिस्तान के तीसरका बेर एशिया कप जीते के सपना टूट गइल। श्रीलंका खातिर प्रमोद मदुशन 4 आ वानिंदु हसरंगा 3 विकेट लिहल लो।

श्रीलंका से मिलल 171 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल पाकिस्तान 22 के स्कोर पs लगातार दु विकेट गंवा देलस। प्रमोद मदुशन पहिले तs कप्तान बाबर आजम (5) आ फेर फखर जमां (0) के खाता खोलला बिना बोल्ड कs देले। एकरा बाद मोहम्मद रिजवान (55) इफ्तिखार अहमद (32) के साथे तीसरका विकेट खातिर 59 गेना पs 71 रन के साझेदारी कइल लो। इफ्तिखार 31 गेना पs दु गो चौका आ एगो छक्का लगइले। उनका आउट होखला के बाद मोहम्मद नवाज (6) मदुशन के तीसरा शिकार बन बइठले।

पाकिस्तान के अंतिम चार ओवर में 61 रन के जरूरत रहे आ रिजवान अर्धशतक बनाके क्रीज पs डटल रहस। बाकिर तबे वानिंदु हसरंगा रिजवान के बाउंड्री पs कैच कराके पाकिस्तान के बहुते बड़ झटका दे देले। रिजवान 49 गेना प चार चौका आ एगो छक्का लगवले। रिजवान के आउट होखते पाकिस्तान के टीम नियमित अंतराल पs विकेट गंवावत चल गइल आ उ लक्ष्य से बहुते दूर रह गइल। हसरंगा एही ओवर में पाकिस्तान के तीन विकेट झटकके ओकर कमर तुर देले। पाकिस्तान के टीम श्रीलंका के घातक गेंदबाजी के सोझा निर्धारित 20 ओवर में 147 रन  बना सकल।

एकरा पहिले, पाकिस्तानी तेज गेंदबाजन के दिहल शुरुआती झटकन से टीम के निकालत भानुका राजपक्षा नाबाद 71 रन बनाके श्रीलंका के 6 विकेट पs 170 रन तक पहुंचवले। राजपक्षा आखिरी चार ओवर में 50 रन बनाके श्रीलंका के सम्मानजनक स्कोर तक पहुंचवले। नसीम शाह चार ओवर में 40 रन देके एक विकेट लेले जबकि हारिस रऊफ चार ओवर में 29 रन देके तीन विकेट चटकवले। दुनो गेंदबाज पिच से मिल रहल मदद के पूरा फायदा उठाके पावरप्ले में श्रीलंकाई बल्लेबाजी के कमर तुर देलस लो बाकिर एकरा बाद राजपक्षा संकटमोचन के भूमिका निभावत अपना कैरियर के बेहतरीन अर्धशतक लगवले। स्पिनर शादाब खान चार ओवर में 28 रन देके एक विकेट लेले।

राजपक्षा 45 गेना में छव चौका आ तीन छक्कन के मदद से नाबाद 71 आ वानिंदु हसरंगा 21 गेना में 36 रन बनवले। दुनो बल्लेबाज 58 रन के ताबड़तोड़ साझेदारी कइल लो जबकि एक समय प श्रीलंका के स्कोर पांच विकेट पs 58 रन रहे। चामिका करूणारत्ने के संगे राजपक्षा 54 रन जोड़ले आ श्रीलंका के 160 के पार ले गइले। पाकिस्तान के 19 बरिस के तेज गेंदबाज शाह शानदार फॉर्म जारी रखत कुसल मेंडिस के खाता खोलले बिना पवेलियन भेज देले। धनंजय डिसिल्वा (21 गेना में 28 रन) जरूर कुछ अच्छे शॉट लगवले बाकिर बेसी देर टिक ना सकले। पाथुम निसांका (आठ) के रऊफ पवेलियन भेजले जबकि धनुष्का गुणतिलका (एक) उनकर बेहतरीन आउटस्विंगर के शिकार भइले।

326550cookie-checkAsia Cup 2022 Final: श्रीलंकाई शेर छउआ बेर बनले एशियाई चैंपियन, फाइनल में पाकिस्तान के 23 रन से पीटल लो

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.