Aga Khan: ना रहलें शिया धर्मगुरु आ अरबपति आगा खान चतुर्थ, पुर्तगाल में 88 बरिस के उमिर में लेलें अंतिम सांस

Aga Khan: शिया धर्मगुरु आ अरबपति आगा खान चतुर्थ के निधन

Share

Aga Khan: शिया धर्मगुरु आ दिग्गज अरबपति आगा खान चतुर्थ ना रहलें। पुर्तगाल में 88 बरिस के उमिर में ऊ अंतिम सांस लेलें। उनका के मोहम्मद पैगंबर वंश के प्रत्यक्ष वंशज मानल जात रहे। आगा खान फाउंडेशन आ इस्माइली धार्मिक समुदाय एलान कइलस कि आगा खान चतुर्थ के उत्तराधिकारी के उनका वसीयत में नामित कइल गइल बा। जवना के लिस्बन में उनका परिवार आ धार्मिक नेता लोगन के उपस्थिति में बतावल जाई। हालांकि, एकर तारीख के घोषणा नइखे कइल गइल।

NAZARIA| नजरिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI |

Aga Khan: बाद में होई उत्तराधिकारी के घोषणा

आगा खान फाउंडेशन एक्स पs लिखलस कि शिया इस्माइली मुसलमानन के 49वां वंशानुगत इमाम आ पैगंबर मोहम्मद के वंशज प्रिंस करीम अल-हुसैनी आगा खान चतुर्थ के 88 बरिस के आयु में अपना परिवार के बीच लिस्बन में निधन हो गइल। उनका नामित उत्तराधिकारी के घोषणा बाद में कइल जाई।

आगा खान चतुर्थ दुनिया के सबसे गरीब आ सबसे हाशिया पs रहे वाला समुदायन के सोझा आवे वाली चुनौतियन के समाधान करे खातिर मानव, वित्तीय आ तकनीकी संसाधनन के एक संगे ले आवे खातिर 1967 में आगा खान फाउंडेशन के स्थापना कइले रहस। ई फाउंडेशन अफ्रीका, एशिया, यूरोप, मध्य पूर्व आ उत्तरी अमेरिका के 18 देसन में काम करेला। आगा खान फाउंडेशन उनका परिवार आ दुनिया भर के इस्माइली समुदाय के प्रति आपन संवेदना व्यक्त करेला।

Read Also: DDU Atheletics Meet: सामंजस्य, समन्वय आ समानता के मूल्य प्रतिष्ठित करेला खेलकूद : प्रो. पूनम टंडन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-