[the_ad_group id="30365"]

Fight Against Obesity: पीएम मोदी मोटापा के खिलाफ सुरू कइलें अभियान, एह 10 हस्तियन के नामित कs के कइलें ई अपील

Fight Against Obesity: पीएम मोदी मोटापा के खिलाफ सुरू कइलें अभियान, एह 10 हस्तियन के नामित कs के कइलें ई अपील
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मोटापा के खिलाफ लड़ाई के मजबूत करे आ भोजन में खाद्य तेल के खपत के कम करे के बारे में जागरूकता फइलावे में मदद करे खातिर जम्मू-कश्मीर के सीएम उमर अब्दुल्ला आ महिंद्रा समूह के चेयरमैन आनंद महिंद्रा सहित कुल 10 लोगन के नामित कइले बा। एमे तमाम क्षेत्रन के लोग सामिल बा।

पीएम मोदी नामित 10 लोगन से कइलें ई अपील

पीएम मोदी सोशल मीडिया मंच एक्स पs एगो पोस्ट में लिखलें, ‘जइसे कि काल्ह के मन के बात में बतावल गइल बा, हम मोटापा के खिलाफ लड़ाई के मजबूत करे आ भोजन में खाद्य तेल के खपत के कम करे के बारे में जागरूकता फइलावे खातिर निम्नलिखित लोगन के नामांकित कइल चाहत बानी। हम एह लोगन से ई अनुरोध करत बानी कि ई सभे 10 लोग के नामांकित करे ताकि हमनी के आंदोलन आउर बड़ होखे!’

पीएम मोदी केकरा-केकरा के कइलें नामित?

आनंद महिंद्रा, दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’, मनु भाकर, मीराबाई चानू, मोहनलाल, नंदन नीलेकणि, उमर अब्दुल्ला, माधवन, श्रेया घोषाल, सुधा मूर्ति।

Read Also: 24 फरवरी 2025 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]