[the_ad_group id="30365"]

Sheikhpura News: शेखपुरा में कांवड़ियन से भरल बस दुर्घटनाग्रस्त, चार दर्जन श्रद्धालु घायल; कइयन के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शेखपुरा। बिहार के शेखपुरा में एगो बस दुर्घटनाग्रस्त हो गइल जेमे गोपालगंज के कांवड़िया लोग सवार रहे। कोसुम्बा गांव के लगे भइल एह घटना में लगभग 48 लोग घायल हो गइल। जेमे महिला आ लईका सामिल बा लो। सब घायलन के शेखपुरा सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहां ओह लोगन के इलाज चलत बा। ई बस धार्मिक यात्रा पऽ निकलल रहे।

 

शेखपुरा। शेखपुरा शहर से शाहपुर जाये वाला रास्ता में कोसुम्बा गांव के लगे गोपालगंज के कांवड़ियन से भरल एगो बस तार के पेड़ से टकरा गइल। एमे चार दर्जन कांवड़िया घायल हो गइल लो। एमे महिला, पुरुष, लईका आ बुजुर्ग सामिल बा लो।

सब घायलन के शेखपुरा सदर अस्पताल में भरती करावल गइल। जहां सभे के इलाज चलत बा। एह संबंध में जानकारी देत कांवड़िया लोग बतावल कि उ गोपालगंज जिला के मांझागढ़ थाना क्षेत्र के शेखपरसा से आइल रहे लो।

इहां के अलग-अलग गांव के लोग नव जुवक कांवड़ियन संगे बस से धार्मिक यात्रा पs निकलल रहे लो, जेमे सब लोग सुल्तानगंज, देवघर, बासुकीनाथ में पूजा-अर्चना के बाद गोपालगंज के थावे होत राजगीर जात रहे।

एही दौरान ई हादसा भइल। ई बस 18 जुलाई के गोपालगंज से रवाना भइल रहे। बतावल गइल कि रास्ता में एगो पिकअप वाहन फंस गइल रहे, जवना के बचावे के चक्कर में बस तार के पेड़ से टकरा गइल, जवना से सब लोग घायल हो गइल।

ओने सब लोगन के इलाज अस्पताल में चलत बा। घायलन में निर्मला देवी, सुभाष साह, देवेंद्र यादव, अंशु बैठा आदि के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]