[the_ad_group id="30365"]

Share Market: बैंक शेयरन में गिरावट से बाजार में चार दिन के तेजी थमल; सपाट सुरुआत के बाद गिरल सेंसेक्स-निफ्टी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क। घरेलू शेयर बाजार में हफ्ता के पहिला कारोबारी दिन माने सोमार के सपाट सुरुआत भइल। हालांकि, तनिए देर में बाजार लाल निशान परs आ गइल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 182.77 अंक गिरके 83,876.13 पs आ निफ्टी 46.25 अंक गिरके 25,591.55 पs पहुंच गइल। फिलहाल सेंसेक्स 300 से जादे आ निफ्टी 90 से जादे अंकन के गिरावट के संगे कारोबार करत रहे। सुरुआती कारोबार में अमेरिकी डॉलर के मुकाबले रुपिया 2 पईसा बढ़के 85.48 पs पहुंचल।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

एनएसई के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

अइसन रहल बाजार के चाल

बैंक शेयरन में मुनाफावसूली के बीच चार दिन के तेजी के बाद सोमार ले सुरुआती कारोबार में शेयर बाजार के बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी में गिरावट दर्ज कइल गइल। सुरुआती कारोबार में 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स 182.77 अंक गिरके 83,876.13 पs आ गइल। 50 शेयरन वाला एनएसई निफ्टी 46.25 अंक गिरकर 25,591.55 पs आ गइल।

केकर फायदा- केकर नुकसान?

सेंसेक्स के कंपनियन में महिंद्रा एंड महिंद्रा, भारती एयरटेल, एनटीपीसी, एचडीएफसी बैंक, कोटक महिंद्रा बैंक आ एक्सिस बैंक पिछड़त नजर आइल। अइसही लार्सन एंड टुब्रो, ट्रेंट, स्टेट बैंक ऑफ इंडिया आ इटरनल हररियर निशान पs दिखाई दिहल। पिछलका चार कारोबारी दिनन में सेंसेक्स 2,162.11 अंक भा 2.64 प्रतिशत उछलल रहे। अइसही निफ्टी 665.9 अंक भा 2.66 प्रतिशत चढ़ल रहे। एक्सचेंज के आंकड़न के अनुसार, बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) सुक के 1,397.02 करोड़ रुपिया के शेयर किनल।

Read Also: लखनऊ : चारबाग आउटर स्टेशन पs वंदे भारत पs भइल पथराव, शीशा टूटनला से सहमलें यात्री, ममिला भइल दर्ज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]