Shami Breaks Silence : शमी बोललें- चयन हमरा हाथ में नइखे; रोहित के जगह गिल के नया वनडे कप्तान बनला पs कहलें ई बात

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी लमहर समय से अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से दूर बाड़ें। आखिरी बेर ऊ 2025 चैंपियंस ट्रॉफी में भारत खातिर खेलले बाड़ें। एकरा बाद से ऊ चयनकर्तन के नजरन से बाहर बाड़ें। हालांकि, ऊ आईपीएल आ घरेलू क्रिकेट में बंगाल खातिर नियमित रूप से हिस्सा लेले बाड़ें, एकरा बादो उनका के ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर वनडे आ टी20 टीम में सामिल नइखे कइल गइल।

अब शमी एकरा पs आपन चुप्पी तोड़ देले बाड़े आ कहलें कि चयन उनका हाथ में नइखे। शमी साफ कs  देलें कि ऊ पूरा तरे फिट बाड़ें आ वापसी खातिर तइयार बाड़ें। संगही ऊ गिल बनाम रोहित विवाद पs संतुलित रुख अपनावत खिलाड़ियन से एकता बना के रखे के अपील कइले बाड़ें।

‘बहुत सारा अफवाह आ मीम्स बन रहल बा’

शमी अपना यूट्यूब चैनल पs कहलें, ‘बहुत सारा अफवाह आ मीम्स बन रहल बा। लोग हमार राय जानल चाहत बा कि हम ऑस्ट्रेलिया सीरीज में काहे नइखी। बाकिर चयन हमरा हाथ में नइखे, ई चयन समिति, कोच आ कप्तान के फैसला होला। जदि ओह लोगन के लागे कि मौका देवे के चाहीं तs दी लोग, ना तs ना। हम तइयार बानी आ लगातार अभ्यास कs रहल बानी।’

‘फिटनेस बिल्कुल ठीक, लय में बानी’

शमी अपना फिटनेस के लेके अपडेट देलें। ऊ कहलें कि ऊ पूरा तरे फिट बाड़ें आ मैदान पs लवटे खातिर तइयार बानी। ऊ कहले, ‘हमार फिटनेसो ठीक बा। जब रउआ लमहर समय तक मैदान से दूर रहेनी, तs मोटिवेट रहल जरूरी होला। हम दलीप ट्रॉफी में खेलनी, 35 ओवर गेंदबाजी कइनी आ लय के सुधरलें। फिटनेस के लेके कवनो समस्या नइखे।’

गिल-रोहित कप्तानी विवाद पs शमी के राय

हाल में बीसीसीआई रोहित शर्मा के वनडे कप्तानी से हटाके शुभमन गिल के नया कप्तान बनवलें, जवना पs सोशल मीडिया पs बहुते बहस आ मीम्स बनल। एकरा पs शमी कहलें कि कप्तानी के लेके केहूओ के आपत्ति ना करे के चाहीं। ऊ कहलें, ‘बहुत जादे मीम्स बन रहल बा एह सवाल पs। हमरा लागत बा, एमे कवनो आपत्ति ना होखे के चाहीं। ई बीसीसीआई, चयनकर्ता आ कोच के फैसला हs। शुभमन इंग्लैंड में भारत के कप्तानी कइले बाड़ें आ गुजरात टाइटंस के कप्तान बाड़ें, तs उनका लगे अनुभव बा। केहू के तs ई जिम्मेदारी देवही के रहे आ बोर्ड गिल के चुनले बा, तs हमनी के एकरा के स्वीकार करे के चाहीं।’

‘कप्तानी के ई चक्र चलत रही’

शमी आगे कहलें कि कप्तानी के लेके विवाद कइल बेकार बा, काहेकि ई एगो निरंतर प्रक्रिया बा। ऊ कहलें, ‘लोगन के कप्तानी पs सवाल ना उठावे के चाहीं। आज केहू कप्तान बा, काल्ह केहू आउर होई। ई चक्र चलत रही।’

Read Also: Football 1st Billionaire : क्रिस्टियानो रोनाल्डो बनलें पहिला अरबपति फुटबॉलर, मेसी के छोड़लें पीछे

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-