IND vs WI 2nd Test : 5वां दिन टीम इंडिया वेस्टइंडीज के कइलस सूपड़ा साफ; गंभीर के मिलल परफेक्ट बर्थडे गिफ्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। IND vs WI 2nd Test Highlights : शुभमन गिल के कप्तानी में भारतीय टीम पहिला बेर टेस्ट सीरीज में जीत हासिल कइलस। वेस्टइंडीज के खिलाफ अपना सरजमीं में खेलल गइल दू मैचन के

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। IND vs WI 2nd Test Highlights : शुभमन गिल के कप्तानी में भारतीय टीम पहिला बेर टेस्ट सीरीज में जीत हासिल कइलस। वेस्टइंडीज के खिलाफ अपना सरजमीं में खेलल गइल दू मैचन के टेस्ट सीरीज में टीम इंडिया 2-0 से जीत हासिल कइलस। ई गिल के बतौर भारतीय टेस्ट कप्तान पहिला सीरीज रहल, जेमे टीम इंडिया जीत के संगे ‘शुभ’ आगाज कइलें।

दिल्ली में खेलल गइल दूसरका टेस्ट मैच में टीम इंडिया वेस्टइंडीज के 7 विकेट से हरवलस आ एह तरे वेस्टइंडीज के भारत में करारा हार झेले के पड़ल।

IND vs WI 2nd Test: 23 साल से वेस्टइंडीज पs भारत के राज

दूसरका टेस्ट में वेस्टइंडीज पs जीत भारतीय टीम खातिर बहुते खास बा, काहेकि पिछला 23 साल से ऊ वेस्टइंडीज पs आपन दबदबा बनवले बिया। टेस्ट क्रिकेट में वेस्टइंडीज के भारत पs आखिरी जीत 2002 में भइल रहे। तब से कैरेबियाई टीम अभी ले भारत के सबसे लमहर फॉर्मेट में नइखे हरा सकल।

IND vs WI 2nd Test: भारत वेस्टइंडीज के दूसरका टेस्ट में हरवलस

भारतीय टीम वेस्टइंडीज के खिलाफ दिल्ली टेस्ट मैच के 7 विकेट से अपना नामे कइलस। आखिरी दिन केएल राहुल नाबाद 58 रन के पारी खेलले। उनका अलावे साई सुदर्शन के बल्ला से दूसरका पारी में 39 रन निकलल।

एक दिन पहिलही वेस्टइंडीज भारत के 121 रन के टारगेट देले रहे। मुकाबला के चउथा दिन फॉलोऑन खेल रहल वेस्टइंडीज अपना दूसरका पारी में 390 रन बनाके ऑलआउट भइल। पहिला पारी में भारत 518 आ वेस्टइंडीज 248 रन बनवले रहे। भारत के पहिला पारी में 270 रन के बढ़त मिलल रहे।

WTC Points Table में नंबर-3 पs भारत

वेस्टइंडीज के खिलाफ दू मैचन के टेस्ट सीरीज जीतला के बाद भारतीय टीम डब्ल्यूटीसी प्वाइंट्स टेबल में नंबर-3 पs कायम बिया। टीम के पोजिशन में कवनो बदलाव नइखे भइल, बाकिर एह सीरीज के बाद भारतीय टीम के खाता में 12 अंक जुड़ गइल बा।

Read Also: Bihar Election 2025 : सीट बंटवारा से पहिलही CPI-ML उम्मीदवारन के मिली सिंबल, लिस्ट में सुशांत सिंह राजपूत के बहिन के नाम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.