Rohit Sharma Car : वाइफ रितिका के गला लगवलें रोहित, फेर निकललें नया कार में; VIDEO सोशल मीडिया पs सुपरहिट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2025

नई दिल्ली। भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान रोहित शर्मा के एगो नया वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो रहल बा, जेमे ऊ अपना नया Tesla Model Y कार में नजर आवत बाड़ें।

Share

नई दिल्ली। भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान रोहित शर्मा के एगो नया वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो रहल बा, जेमे ऊ अपना नया Tesla Model Y कार में नजर आवत बाड़ें।

नंबर प्लेट में छुपल बा राज

38 साल के रोहित ब्लैक टी-शर्ट आ कैप में दिखाई पड़लें। फैंस के ध्यान उनका कार के नंबर प्लेट पs गइल, काहेकि ई नंबर उनकर दूनो लईकन के जन्मदिन के तारीख (30-15) से जुड़ल बा। जइसे उनकर Lamborghini Urus SE के नंबर 3015 बा, ठीक ओइसहीं Tesla Model Y के नंबरो 3015 रखल गइल बा।

https://youtu.be/T3hyoUoTpJ4?t=1

रोहित के बा लग्जरी कारन के जबरदस्त शौक

रोहित शर्मा के स्पोर्ट्स कारन से खास लगाव बा। हाले में ऊ Lamborghini Urus SE किनले रहस, जवना के कीमत मुंबई में करीब ₹4.57 करोड़ बतावल गइल रहे। अब ऊ Tesla Model Y के मालिक बन गइल बाड़ें।

VIDEO में रितिका के गला लगावत नजर अइलें रोहित

सोशल मीडिया पs वायरल वीडियो में देखल जा सकत बा कि रोहित आपन पत्नी रितिका सजदेह के गले लगावत बाड़ें आ फेर उनका के Range Rover में बिठावत बाड़ें। एह दौरान रितिका मुस्कुरात पूछत बाड़ी – “रउआ दोसरा कार में आवत बानी का?” ई वीडियो फैंस के खूब पसंद आ रहल बा।

Tesla Model Y के कीमत आ फीचर्स

भारत में Tesla Model Y के बेस वेरिएंट के कीमत लगभग ₹59.89 लाख (एक्स-शोरूम) से शुरू होखेला, जबकि टॉप मॉडल करीब ₹67.89 लाख के बा। ई कार के डिजाइन स्टाइलिश आ आधुनिक बा, आ ई सुपरचार्जर पs मात्र 15 मिनट में 267 किलोमीटर तक चल सकेला।

रोहित शर्मा के लग्जरी कार कलेक्शन (Rohit Sharma Car Collection)

  • Lamborghini Urus SE – ₹4.57 करोड़
  • BMW M5 – ₹1.99 करोड़
  • Mercedes-Benz GLS 400d – ₹1.58 करोड़
  • Mercedes-Benz S-Class – ₹1.98 करोड़
  • Range Rover HSE LWB – ₹3.68 करोड़

Read Also: Rajveer Jawanda Passes Away : पंजाबी गायक राजवीर जवंदा के निधन से सदमा में फैन्स, बाइक हादसा बनल मौत के वजह 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.