[the_ad_group id="30365"]

शाहरुख खान के मिलल जान से मारे के धमकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड के गलियारा से एगो बड़ खबर सामने आइल बा.  बॉलीवुड के किंग खान यानी शाहरुख खान के भी जान से मारे के धमकी मिलल बा। अभिनेता के धमकी के फोन आइल बा. पुलिस एs मामला में प्रारंभिक जांच शुरू कs देले बिया इs जानकारी मुंबई पुलिस के वरिष्ठ सूत्र से मिलल बा। फिलहाल मुंबई पुलिस एs मामला के जांच शुरू कs देले बिया अवुरी एकरा पs अवुरी जानकारी लेवे में व्यस्त बिया। बतावल जाता कि जवना नंबर से फोन आईल बा, उs नम्बर फैजान नाम में पंजीकृत बा।

पुलिस के लगे आईल फोन

शाहरुख खान के मिलल एs धमकी के बारे में बांद्रा पुलिस के जानकारी दिहल गईल। फोन थाना में ही आईल। हालांकि फोन करेवाला कवनो रकम के खुलासा नईखे कईले। मतलब कि अबे ले कवनो प्रकार के पईसा के मांग नईखे। फिलहाल पुलिस के शाहरुख खान के टीम से अबे ले कवनो शिकायत नईखे मिलल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]