लखनऊ में कई पार्क अउरी चौराहा के बदलल गइल नाम, इहां देखीं नयका नामन के लिस्ट

कुमार आशू

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ शहर में कई पार्क अउरी चौराहा के नाम बदल दिहल गइल बा। लखनऊ नगर निगम शहर के कई पार्क अउरी चौराहा के नाम बदल दिहले बा। जौने पार्क अउरी चौराहा के नाम बदलल गइल बा, ऊ ई बा:-

  1. बर्लिंगटन चौराहा ‘अशोक सिंघल चौराहा’ कहलाई।
  2. सर्वोदय नगर में महापौर के निर्देश पर बनल द्वार के नामकरण “स्वतंत्रवीर विनायक दामोदर सावरकर द्वार” कइल गइल।
  3. सिकंदराबाद चौराहे के नामकरण वीरांगना उदादेवी वार्ड कइल गइल।
  4. मिल एरिया पुलिस चौकी से मीना बेकरी चौराहा के नामकरण इंडियन शिया पर्सनल लॉ बोर्ड के संस्थापक एवं पूर्व अध्यक्ष मौलाना मिर्जा मोहम्मद अतहर के नाम पर कइल गइल।
  5. विराम खण्ड राम भवन चौराहा के नामकरण “अमर शहीद मेजर कमल कालिया चौराहा” कइल गइल।
  6. संजय गांधीपुरम चौराहे के नामकरण चन्द्रशेखर आजाद चौराहा कइल गइल।
  7. आलमबाग के टेढी पुलिया तिराहा का नामकरण “खालसा चौक” कइल गइल।
  8. सरोजनीनगर के आजाद नगर कॉलोनी में पार्क के नाम “मंगल पांडेय पार्क” कइल गइल।
  9. राजाजीपुरम स्थित मिनी स्टेडियम के नाम पूर्व विधायक सुरेश श्रीवास्तव स्टेडियम के नाम पर कइल गइल।
  10. लालबाग स्थित महाराजा सुहेलदेव राजभर के प्रतिमा के लग्गे चौराहा के नामकरण सुहेलदेव राजभर तिराहा कइल गइल।
  11. पिकैडेली होटल कानपुर रोड से आशियाना पावर हाउस तक मार्ग के नामकरण “दिगम्बर जैन मंदिर” कइल गइल।
  12. निराला नगर लाल कॉलोनी स्थित तिकोनिया पार्क के नाम श्यामा प्रसाद मुखर्जी के नाम पर कs के पार्क में प्रतिमा स्थापना करे के प्रस्ताव पास कइल गइल।
  13. आशियान स्थित एमएमडी1/237 दर्शन सिंह के घर के सोझे पार्क के नाम गुरु नानक पार्क कइल गइल।
  14. आशियाना स्थित एसएस1/1163 संतोष त्रिपाठी के घर के सोझे पार्क के नाम सरदार उधम सिंह कइल गइल।
  15. एमएमडी/253 के सोझे स्थित पार्क के नामकरण दशमेश पार्क कइल गइल।
  16. मोहन भोग चौराहा से कोठारी बंधु ले सड़क के नामकरण कल्याणेश्वर हनुमान मंदिर मार्ग कइल गइल।
Share This Article