Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में हरियाली; सेंसेक्स 250 अंक मजबूत भइल, निफ्टी 23600 के पार

1,117
Google Ads 300*250 for posts

Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में हरियाली; सेंसेक्स 250 अंक मजबूत भइल, निफ्टी 23600 के पार

हफ्ता के दूसरका कारोबारी दिन शेयर बाजार में हरियर निशान पs कारोबार के सुरुआत भइल। मंगर के सेंसेक्स आ निफ्टी मजबूती के साथ खुलल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 250 अंकन के बढ़त के संगे कारोबार करत लउकल। दूसरका ओर, निफ्टी 23600 के स्तर के पार कs गइल। सबेरे 9 बजके 49 मिनट पs सेंसेक्स 253.99 (0.32%) अंकन के बढ़त के संगे 77,607.52 पs पहुंचल। दूसरका ओर, निफ्टी 75.11 (0.32%) अंक चढ़के 23,612.95 अंकन पs कारोबार करत लउकल।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

निफ्टी के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स


अल्ट्राटेक आ एचडीएफसी बैंक के शेयर मजबूत भइल

निफ्टी के शेयरन में अल्ट्राटेक सीमेंट, एचडीएफसी बैंक, दिवीज लैब, कोल इंडिया आ एसबीआई के शेयर टॉप गेनर्स के रूप में कारोबार करत लउकल। दूसरका ओर, एचसीएल टेक, एशियन पेंट्स आ टाइटन के शेयरन पs दबाव दिखल। प्रमोटर अशोक सूटा के ओर से ब्लॉक डील के माध्यम से हिस्सेदारी बेचे के खबरन के बीच हैप्पीएस्ट माइंड्स के शेयर 8% तक टूट गइल।

अमारा राजा एनर्जी एंड मोबिलिटी के शेयर 19% तक मजबूत भइल

अमारा राजा एनर्जी एंड मोबिलिटी के शेयर 19% तक मजबूत भइल। कंपनी लिथियम ऑयल सेल विनिर्माण खातिर चीन के गोशन के संगे लाइसेंसिंग के करार कइल गइल बा। मॉर्गन स्टेनली के बुलिश नोट के बाद पेटीएम, जोमैटो आ पॉलिसी बाजार के शेयरन में करीब दु-दु प्रतिशत के बढ़त लउकल।

रुपिया मंगर के डॉलर के मुकाबले दु पईसा के बढ़त के साथ 83.45 पs

भारतीय रुपिया मंगर के डॉलर के मुकाबले दु पईसा के बढ़त के संगे 83.45 पs पहुंच गइल। ब्रेंट क्रूड फ्य्चर्स के अगस्त डिलिवरी 0.08% मजबूत होके 86.06 प्रति बैरल पs पहुंच गइल। बाजार के आंकड़न के मोताबिक सोमार के कारोबारी सत्र में घरेलू निवेशकन के (DIIs) 820 करोड़ रुपिया के बिकवाली कइलस। ओहिजा, एफआईआई 654 करोड़ रुपिया के शेयर बेचलस।

872490cookie-checkSensex Opening Bell: शेयर बाजार में हरियाली; सेंसेक्स 250 अंक मजबूत भइल, निफ्टी 23600 के पार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.