Sensex Opening Bell : सपाट खुलके मजबूत भइल बाजार ; सेंसेक्स 256 अंक चढ़ल, निफ्टी 22650 के पार

Share

घरेलू बेंचमार्क इंडेक्स सेंसेक्स आ निफ्टी में बियफे के सपाट सुरुआत भइल। हालांकि सुरुआती सुस्ती के बाद बाजार छलांग मरलस आ सेंसेक्स-निफ्टी बढ़त के संगे कारोबार करत लउकल। सबेरे नौ बजके 58 मिनट पs सेंसेक्स 251.72 (0.33%) अंकन के बढ़त के संगे 74,472.78 पs जबकि निफ्टी 79.00 (0.35%) अंक चढ़के 22,676.80 पs कारोबार करत लउकल। एकरा पहिले फेडरल रिजर्व के मिनट्स में महंगाई पs चिंता जाहिर करे के सूचना सार्वजनिक होखला के बाद बाजार में सपाट कारोबार होत लउकल।

सेंसेक्स के शेयरन में एशियन पेंट्स, इंडियन बैंक, एलएंडटी, एक्सिस बैंक आ भारती एयरटेल बढ़त के संगे खुलल। दूसरका ओर, पावर ग्रिड, सन फार्मा, जेएसडब्ल्यू स्टील आ टाटा स्टील के शेयरन में गिरावट लउकल। अमेरिका में ब्याज दरन में कटौती के अनिश्चितता के बीच निफ्टी आईटी इंडेक्स के शेयर 0.23% तक मजबूत भइल। एमे कोफोर्ज, एलटीटीएस आ परसिसटेंट सिस्टम्स के शेयरन के जोगदान रहल। एकल शेयरन में जुबलिएंट फूड वर्क्स के शेयर सुरुआती कारोबार में 5% तक उछलल। डोमिनोज के भारत में फ्रेंचाइजी कंपनी के मुनाफा में चउथा तिमाही के दौरान बढ़न्ती लउकली। ओकरा बाद ई उछाल आइल।

सेक्टरवार देखीं तs निफ्टी बैंक, रियल्टी, कंज्यूमर ड्यूरेबल्स और निफ्टी गैस व ऑयल के शेयर बढ़त के साथ खुले। दूसरी आ निफ्टी ऑटो, एफएमसीजी, मीडिया, मेटल आ फार्मा सेक्टर के शेयरन में नरमी लउकल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-