Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में सपाट सुरुआत; सेंसेक्स 100 अंक चढ़के फिसलल, निफ्टी 23500 से फिसलल

Share

घरेलू शेयर बाजार में बियफे के हरियर निशान पs कारोबार के सुरुआत के बावजूद गिरावट लउकत बा। प्रमुख बेंचमार्क इंडेक्स अपना सुरुआती बढ़त के बरकरार ना रख पाइल आ लाल निशान पs पहुंच गइल। सबेरे नौ बजके 40 मिनट पs सेंसेक्स 97.69 (0.12%) अंक टूटके 77,254.01 पs पहुंच गइल। दूसरका ओर, निफ्टी 32.46 (0.14%) अंकन के गिरावट के संगे 23,483.55 के लेवल पs पहुंच गइल। सुरुआती कारोबार के दौरान भारती एयरटेल के शेयरन में 7% के गिरावट आइल, दूसरका ओर पीएनबी हाऊसिंग के शेयरन में 4% के गिरावट दर्ज कइल गइल।

बियफे के कारोबारी सेशन के दौरान सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

निफ्टी के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर ई रहल

बैंकिंग शेयरन में तेजी, आईटी आ पीएसयू के शेयर टूटल 

बियफे के एशियाई बाजार में कमजारी के बाद घरेलू बेंचमार्क इंडेक्स सपाट खुलल। एह दौरान बैंकिंग शेयरन में मजबूती लउकल बाकिर आईटी आ सार्वजनिक क्षेत्र के कंपनियन के शेयरन में बिकवाली लउकल। सेंसेक्स के शेयरन में कोटक महिंद्रा बैंक, टाटा मोटर्स, एचडीएफसी बैंक, टाटा स्टील आ टाइटन के शेयर बढ़त के संगे खुलल। ओहिजा, सन फार्मा, बजाज फिनसर्व, बजाज फाइनेंस, पावर ग्रिड आ एचसीएल टेक के शेयर गिरावट में लउकल। मैक्वायर के ओर से कोटक महिंद्रा बैंक के अपग्रेड कइला के बाद बैंक के शेयर 1.4% तक मजबूत भइल।

निफ्टी रियल्टी आ निफ्टी मेटल इंडेक्स में तेजी

सेक्टरवार देखल जाव तs निफ्टी रियल्टी 0.9% चढ़ल। ब्रिगेड, शोभा आ डीएलएफ के शेयरन में बढ़त से इंडेक्स के मजबूती मिलल। निफ्टी मेटल के शेयरन में 0.75% के उछाल आइल। एह तेजी में हिंदुस्तान जिंक आ वेदांता के शेयरन के जोगदान रहल। व्यापक बाजार में निफ्टी स्मॉलकैप 100 आ निफ्टी मिड कैप 100 0.4% तक उछलल। एकल शेयरन में सुजलॉन एनर्जी के शेयर सुरुआती कारोबार में 5% तक चढ़ल। ई बढ़त ओह खबरन के बाद आइल बा जेमे कहल गइल बा कि कंपनी 0.3% इक्विटी हिस्सेदारी के सौदा कइले बा। 5.2% के हिस्सेदारी बिकवाली के बाद पीएनबी हाउसिंग के शेयर 5% तक टूट गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-