Sensex Opening Bell: शेयर बाजार हरियर निशान पs खुलल; सेंसेक्स 250 अंक चढ़ल, निफ्टी 21500 के पार

शेयर बाजार में लउकल उछाल

Share

घरेलू शेयर बाजार में बुध के हररियर निशान पs कारोबार के सुरुआत भइल। अच्छा वैश्विक संकेतन के चलते प्रमुख बेंचमार्क इंडेक्स बढ़त के साथ खुलल।

सुरुआती कारोबार में बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज के बीएसई सेंसेक्स 290.25 (0.40%) अंकन के बढ़त के संगे 71,627.05 के लेवल पs कारोबार करत दिखल। दूसरका ओर, नेशनल स्टॉक एक्सचेंज के एनएसई निफ्टी संवेदी सूचकांक 94.16 (0.44%) अंकन के बढ़त के संगे 21,535.50 अंकन के स्तर पs कारोबार करत दिखल।

सुरुआती कारोबार में निफ्टी के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर ई रहल

शेयर बाजार में बुध के कारोबारी सेशन के दौरान सबसे जादे खरीदारी IT, मेटल आ सरकारी बैंकिंग सेक्टर के शेयरन में लउकल। निफ्टी में डिविज लैब आ अल्ट्राटेक सीमेंट के शेयर टॉर गेनर के रूप में कारोबार करत दिखल। ओहिजा, दूसरका ओर हीरो मोटो टॉप लूजर के रूप में कारोबार करत दिखल। एकरा पहिले मंगर के सेंसेक्स 229 अंक मजबूत होके 71,336 पs बंद भइल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-