Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ग्लोबल मंदी के सुबहां से बाजार पर दबाव, सेंसेक्स-निफ्टी लाल निशान पर खुलल

812

ग्लोबल मंदी के सुबहां से हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन बाजार पs दबाव दिख रहल बा। फिलहाल सेंसेक्स 268.77 अंक के गिरावट के संगे 61,530 अंक पर जबकि निफ्टी 81.60 अंक फिसल के 18,333.30 अंक पर कारोबार कs रहल बा। सेंसेक्स में 0.43% जबकि निफ्टी में 0.44% के गिरावट दिख रहल बा। सुक्क के दिन सेंसेक्स 264 अंक के गिरावट के संगे 62534 अंक पर खुलल। उहवें निफ्टी 95 अंक फिसल के 18319 पs अउर बैंक निफ्टी 236 अंक के गिरावट के संगे 43261 अंक पर खुलल। एहसे पहिले फेड के फैसला के बाद अमेरिकी बाजार पर दबाव दिखल अउर डाऊ जोंस बियफे के 764 अंक (2.25%) टूट के बंद भइल।

शुक्रवार के बिहाने एह कंपनियन के शेयर में दिखल जोर
 एह कंपनियन के शेयर में दिख रहल बा गिरावट

आजु सेंसेक्स से डॉ रेड्डी बाहर निकल रहल बानें। कंपनी के शेयर में 1.78 फीसदी के गिरावट दिख रहल बा। एकरे अलावा इन्फोसिस, HCL टेक्नोलॉजी, एशियन पेंट्स अउर विप्रो जइसन कंपनियन के शेयर में गिरावट दिख रहल बा।

सरकार घटवलस डीजल अउर एटीएफ पर विंडफॉल टैक्स 

सरकार डीजल अउर एटीएफ (Air Turbine Fuel) पर लागे वाला विंडफॉल टैक्स घटा दिहले बा। सरकारी अधिसूचना के अनुसार, घरेलू कच्चे तेल के निर्यात पs टेक्स मौजूदा 4,900 रुपया प्रति टन से घटाकर 1,700 रुपया प्रति टन कs दिहल गइल बा। एटीएफ पs टैक्स 5 रुपया प्रति लीटर से घटा के 1.5 रुपया प्रति लीटर कs दिहल गइल बा।

डॉलर के मुकाबले 9 पइसा टूटके सुक्क के 82.85 रुपया पर खुलल रुपया

बाजार में मंदी के रुझान से रुपया पs दबाव बढ़ गइल बा। सुक्क के डॉलर के मुकाबिले ई 9 पइसा के गिरावट के संगे 82.85 के स्तर पs खुलल। ओसे पहिले अमेरिकी फेडरल रिजर्व के ओर से ब्याज दर में बढ़ोतरी अउर ओकरे आक्रामक रुख से निवेशकन के धारणा प्रभावित होखले के बाद बियफे के अमेरिकी डॉलर के मुकाबिला मे रुपया 27 पइसा गिर के 82.76 रुपया प्रति डॉलर पर बंद भइल रहे।

निफ्टी के टॉप लाभ वाली कम्पनी

कंपनी प्राइस बदलाव % बदलाव वॉल्यूम
RIL 2,608.05 29.7 1.15% 1,557.78
L&T 2,198.35 20.8 0.96% 560.49
Power Grid 217.55 1.2 0.55% 962.55
Eicher Motors 3,321.00 17.5 0.53% 130.27
Nestle India 19,804.65 66.8 0.34% 6.49
HUL 2,671.40 8.15 0.31% 138.77
Cipla 1,104.30 2.5 0.23% 131.74

निफ्टी के टॉप हानि वाली कम्पनी

कंपनी प्राइस बदलाव % बदलाव वॉल्यूम
Asian Paints 3,096.25 -34.35 -1.10% 166.33
M&M 1,273.05 -13.9 -1.08% 208.36
ITC 335.3 -3.55 -1.05% 1,277.72
TCS 3,270.60 -34.5 -1.04% 315.15
Wipro 391.2 -4 -1.01% 1,267.19
BPCL 345.75 -3.4 -0.97% 977.79
Bajaj Auto 3,584.25 -35.05 -0.97% 27.63
411830cookie-checkग्लोबल मंदी के सुबहां से बाजार पर दबाव, सेंसेक्स-निफ्टी लाल निशान पर खुलल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.