Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मंगर के बाजार लाल निशान पर खुलल, सेंसेक्स 600 अंक टूटल, निफ्टी 18350 के नीचे

880
घरेलू शेयर बाजार में हफ्ता के दूसरे कारोबारी दिन लाल निशान पs कारोबार शुरू भइल। मंगर के शुरुआती सेशन में सेंसेक्स में लगभग 285 अंक के जबकि निफ्टी में 75 अंक के गिरावट दिखल। फिलहाल सेंसेक्स 0.46% के गिरावट के संगे 61,520 अंक पs कारोबार कs रहल बा।
उहवें दूसरे ओर, निफ्टी 0.41% फिसल के 18,345.00 अंक पs ट्रेड कs रहल बा। मंगर के शुरुआती कारोबार में डॉबर अउर एनबीसीसी के शेयर 3% के कमजोरी के संगे कारोबार करत दिख रहल बा। मंगर के सेंसेक्स के सब 30 शेयर में लाल निशान पs कारोबार शुरू भइल।

मंगर के सेंसेक्स के सब 30 शेयर में लाल निशान पs कारोबार शुरू भइलें

निफ्टी के अलग-अलग इंडेक्स के मंगर के शुरुआती कारोबार में ई रहल कारोबार

अमेरिकी शेयर बाजार में गिरावट के बाद दीखल भारतीय बाजार पs दबाव

अमेरिकी शेयर बाजार में लगातार चउथा दिन गिरावट दर्ज कइल गइल। हफ्ता के पहिले दिन डाऊ जोंस 163 अंक यानी 0.49 फीसदी के गिरावट के संगे बंद भइल। टेक कंपनियन के शेयरों पर ब्याज दर से संबंधित फेड के फैसला के नकारात्मक असर दिख रहल बा। एह दौरान मेटा के शेयर चार प्रतिशत तक टूट गइल बा। टेक आधारित इंडेक्स नैस्डेक में 1.49 फीसदी अउर S&P 500 में 0.90 फीसदी के कमजोरी आइल बा।
एशियाई बाजार के बात कइल जाव त जापान के निक्केई में 0.20 फीसदी के तेजी अउर कोरिया के KOSPI में 0.45 फीसदी के कमजोरी बा। SGX Nifty में एह समय 45 अंक के गिरावट के संगे कारोबार कs रहल बा, जौन भारतीय बाजार में सुस्ती के इशारा कs रहल बा। एहसे पहिले हफ्ते के पहिले दिन घरेलू बेंचमार्क सेंसेक्स में 468 अंक के तेजी रहल बा।

डाबर के 1079 करोड़ के शेयर के ब्लॉक डील, शेयर 3% ढ़रकल

डाबर के 1.9 करोड़ शेयर के ब्लॉक डील 1.06 फीसदी हिस्सेदारी के बिकवाली कइल गइल बा। ई डील 571 रुपए प्रति शेयर के भाव पर भइल बा। इनकर मूल्य 1079 करोड़ रुपया बा। एह डील के बाद डाबर के शेयर करीब 3 फीसदी के गिरावट के संगे 571 रुपया प्रति शेयर के भाव पs कारोबार कs रहल बा।
415380cookie-checkमंगर के बाजार लाल निशान पर खुलल, सेंसेक्स 600 अंक टूटल, निफ्टी 18350 के नीचे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.