वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक गोरखपुर द्वारा जनपद के उत्तरी क्षेत्र के थाना पिपराईच, गुलरिहा, झंगहा आ चौरीचौरा के औचक निरीक्षण कs के थानन पs जनसुनवाई खातिर नियुक्त पुलिस कर्मियन के दिहल गईल आवश्यक दिशा-निरदेस

Anurag Ranjan

आज दिनांक 09.07.2022 के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक गोरखपुर द्वारा जनपद के उत्तरी क्षेत्र के थाना पिपराईच, गुलरिहा, झंगहा आ चौरीचौरा के औचक निरीक्षण कईल गईल। निरीक्षण के दौरान थानन पs बनल जनसुनवाई डेस्क पs नियुक्त कर्मियन के महत्वपूर्ण दिशा निरदेस दिहल गईल। महिला हेल्प डेस्क, थाना कार्यालय आ सम्पूर्ण थाना परिसर के भ्रमण कईल गईल आउर सम्पूर्ण परिसर के साफ आ स्वच्छ राखे आ कार्यालय के अभिलेखन के बेहतर आ अद्यावधिक आ व्यवस्थित रख रखाव, अपराध/अपराधियन के विरुद्ध सख्ती से कार्यवाही करे आ थानाक्षेत्र में शांति व्यवस्था बनावल राखे खातिर रोज पैदल गस्त करे खातिर प्रभारी निरीक्षक/थानाध्यक्ष गण के निरदेसित कईल गईल। मवका पs पुलिस अधीक्षक उत्तरी आ आउर संबन्धित थानन के प्रभारी निरीक्षक/थानाध्यक्ष गण मवजूद रहल लो।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।