[the_ad_group id="30365"]

बिकरू कांड : शहीद दरोगा के पत्नी के दु साल बाद मिलल नौकरी, ओएसडी बनली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कानपुर बिकरू घटना के दु साल बाद शहीद दारोगा अनूप सिंह के पत्नी के नौकरी मिल गईल बा। उनका के लखनऊ के पुलिस मुख्यालय में स्पेशल ड्यूटी अधिकारी (ओएसडी) के पद पs तैनात कईल गईल बा।

चौबेपुर थाना क्षेत्र के बिकरू गांव में 2 जुलाई 2020 के रात में प्रतापगढ़ के रहेवाला अनूप सिंह कुख्यात विकास दुबे आ ओकर सहयोगियन के संगे मुठभेड़ में शहीद हो गईल रहस। उनकर पत्नी नीतू सिंह ओकरा बाद से नोकरी पावे खातिर संघर्ष करत रहली। ऊ 3 जुलाई के मुख्यालय में जॉइन कs लेले बाड़ी। नीतू के बेटी गौरी कक्षा 6 में पढ़त बाड़ी आ बेटा सूर्यांश यूकेजी में पढ़त बाड़े। उनकर परिवार में ससुर, देवर, जेठ आ जेठानी बा लोग। नीतू सिंह के कहनाम बा कि एह काम से उनुका बहुते राहत मिली। शहीदन के परिवार आवास के मांग कईले रहे, जवन अभी तक पूरा नईखे भईल। एही से नीतू लखनऊ के एगो होटल में कमरा लेके रहत बाड़ी। एकरा से कुछ दिन पहिले अनूप के परिवार के लोग मुख्यमंत्री से नौकरी दिलाव  निहोरा कईले रहे। तब सीएम उनका के जल्दिए नियुक्ति के भरोसा देले रहस।

2017 में भईल रहे कानपुर में तैनाती

प्रतापगढ़ के मंधाता थाना क्षेत्र के बेलखारी निवासी अनूप सिंह साल 2004 में पुलिस बल में शामिल भईल रहले। 2015 में इंस्पेक्टर बनले। प्रशिक्षण के बाद इनस्पेक्टर पद पर इनकर पहिला पोस्टिंग कानपुर में 2017 में बाबूपुरवा थाना में भइल रहे। फेर टिकरा पोस्ट के बाद चौबेपुर में पोस्टिंग मिलल रहे।

सिपाही के पत्नी कs रहल बाड़ी संघर्ष

ओहिजा बिकरू ममिला में शहीद भईल सिपाही सुल्तान सिंह के पत्नी उर्मिला के अभी ले नौकरी नईखे मिलल। उहो एकरा खातिर संघर्ष करत बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]