Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पटना में जदयू नेता के गोली मारके हत्या, लोग पटना-गया सड़क जाम कइलस

203

जनता दल यूनाइटेड (जदयू) नेता सौरभ कुमार के हत्या बुधवार के देर रात पटना के पुनपुन इलाका में हो गइल। ए घटना में एक जने घायल हो गइले। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया ।

बिहार में बुधवार के रात जदयू के युवा नेता सौरभ कुमार के गोली मार के हत्या क दिहल गइल। घटना पटना के पुनपुन इलाका में भइल बा। सौरभ कुमार बियाह समारोह में शामिल भइला के बाद लवटत रहले कि अपराधी उनका प गोली चला देले। घटना के बाद खिसियाइल भीड़ पटना-गया सड़क के जाम क देलस। पुलिस आरोपी के तलाश में छापामारी करतिया।

चार गो बदमाश हमला कइलख 

जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के नेता के हत्यारा अभी तक नइखे मिलल। जानकारी के मुताबिक चार बदमाश बाइक से आइल रहे। देर रात सौरभ कुमार के घेर के गोली चला दिहल गइल । सौरभ अपना दोस्त आ परिवार के संगे एगो बियाह समारोह में शामिल भइला के बाद लवटत रहले।

घटना में एगो अउरी आदमी घायल हो गइल बा

जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के युवा नेता सौरभ कुमार के हत्या के घटना के जानकारी देत मसौरही के एसडीपीओ कन्हैया सिंह बतवले कि सौरभ अपना दोस्त आ परिवार के संगे बियाह समारोह में शामिल भइला के बाद लवटत रहले। ए दौरान चार बदमाश बाइक से आके गोलीबारी कइले। घटना में मुनमुन कुमार नाम के एक आदमी भी घायल हो गइल। घटना के तुरंत बाद दुनो के कंकड़बाग के उमा अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जहां जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के युवा नेता सौरभ कुमार के मौत हो गइल। एगो अउरी आदमी खतरा से बाहर बा।

सीसीटीवी फुटेज के जाँच कइल जा रहल बा

पुलिस के कहनाम बा कि जनता दल यूनाइटेड के युवा नेता सौरभ कुमार के गर्दन आ सिर में गोली लागल बा। गोली लगला के ठीक बाद सौरभ के मौत हो गइल। पुलिस हमलावर के पहचान करे के कोशिश में जुटल बिया। पास के सीसीटीवी फुटेज के जाँच कइल जा रहल बा । पटना के सपा भरत सोनी कहले कि जदयू के युवा नेता सौरभ कुमार के हत्या काहें भइल, राजनीतिक आ व्यापारिक एंगल के भी जांच होखता।

803010cookie-checkपटना में जदयू नेता के गोली मारके हत्या, लोग पटना-गया सड़क जाम कइलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.