Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सुरुज से 57 हजार करोड़ गुना एगो रहस्यमयी गोला के खोज भईल !

सुरुज से 57 हजार करोड़ गुना एगो रहस्यमयी गोला के खोज भईल !

155

विज्ञान कहाँ से कहाँ तक पहुँच सकत बा इ बाति अब एह 21 वीं सदी में वैज्ञानिक लोग बार-बार बतवले बा | अब नयका खबर के अनुसार वैज्ञानिक लोगन के टीम अंतरिक्ष में एगो रहस्यमयी चीज़ के के खोज कइले बाड़ें , जवन धरती से लगभग 380 करोड़ प्रकाश बरिस दूर बा | वैज्ञानिकन के मोताबिक उ सुरुज से 57 हजार करोड़ गुना बड़ बा आ उ ओकरा बहुते चमकदार बा | एह गोला से बहुते जादा मात्रा में ऊर्जा निकल रहल बा | कुछ वैज्ञानिक लोग के ई मत बा की इ बस एगो गर्म गैस के गोला हs जबकि कुछ लोग इ मानत बा कि इ गोला सुपरनोवा हs | एह बारे में ओहियो स्टेट यूनिवर्सिटी में एस्ट्रोनामी के प्रोफेसर क्रिस्टोफ स्टैनिक  कहलें कि अगर इ मैगनेटर हs तs  हमनी के एकर ताकत के 1 से 10 के पैमाना से बहरी राखब जा | एकरा के आल स्काई ऑटोमेटेड सर्वे आफ़ सुपरनोवा से देखल गईल बा | इ कई गो दूरबीनन के के एगो नेटवर्क हs

451100cookie-checkसुरुज से 57 हजार करोड़ गुना एगो रहस्यमयी गोला के खोज भईल !

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.