हर बच्चा स्कूले पहुंचे, एकरे खातिर ‘स्कूल चलो अभियान’ चल रहल बा। गोरखपुर के सरकारी स्कूल के टीचर अपने-अपने इलाके में जाकर लोग के जागरूक कs रहल बानें कि ऊ अपने बचवन के स्कूल भेजें। अभियान में जाए वाले टीचर बतवनें कि जौन बचवे मजदूरी में लाग जाने सब, ओ सभन के स्कूल ले लेआवल टेंढ़ खीर बा। घरवाले भी बचवन से पइसा पावे लागेने। एहलिए ऊ नाइ चाहेंने कि उनकर बच्चा पढ़े।
बच्चे एहलिए नाइ आ पावेने स्कूल
- कई बच्चा बड़ हो गइल बानें, अब ओ सभन के स्कूल अइले में अजीब लग रहल बा।
- बचवन के खेत अउर भट्ठा पर मजदूरी खातिर लगा दिहल गइल बा।
- बच्चवन के परिवार वाले घुमंतु टाइप होने, आज ईहां कल दूसरा जगह चल जाने लोग।
- परिवार के सरकार के स्कीम के पता भी नाइ होला।
- परिवार के पैसा दिखे लागsला, ऊ एहलिए उनके स्कूल नाइ भेजेने।
Comments are closed.