Raghunathpur: Wizard tech computer academy में कैरियर गाइडेंस प्रोग्राम के भइल आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: May 2, 2022

मैट्रिक परीक्षा में 90% से बेसी अंक ले आवे आला जिला आ क्षेत्र के विद्यार्थियन के कइल गइल पुरस्कृत स्थानीय प्रखंड क्षेत्र के टारी बाजार में 1 मई दिन अतवार के विजार्ड टेक कंप्यूटर एकेडमी

Share

मैट्रिक परीक्षा में 90% से बेसी अंक ले आवे आला जिला आ क्षेत्र के विद्यार्थियन के कइल गइल पुरस्कृत

स्थानीय प्रखंड क्षेत्र के टारी बाजार में 1 मई दिन अतवार के विजार्ड टेक कंप्यूटर एकेडमी के प्रांगण में कैरियर गाइडेंस प्रोग्राम के आयोजन कइल गइल। जवना में बच्चन के कैरियर निर्माण ला मार्गदर्शन दिहल गइल। कार्यक्रम के मुख्य उद्देश्य बच्चन के कैरियर के बारे में बतावल आ ओह लो के रस्ता में आवे आला चुनौतियन से निपटे ला तइयार कइल रहे। कार्यक्रम में दसवां के बाद पॉलिटेक्निक आ बारहवीं के बाद लगभग 60 तरे के टेक्निकल, प्रोफेशनल, बेवसायिक , विधि आ प्रबंधन के क्षेत्र में पढ़ाई करे से संबंधित जानकारी दिहल गइल।

एह कार्यक्रम में विद्यार्थियन के ओह लो के प्राप्तांक के अनुसार छात्रवृत्ति के राशि मुहैया करावे खातिर ऑल इंडिया बोर्ड ऑफ एजुकेशन एंड स्किल डेवलपमेंट नाव के भारत के नामचीन संस्था द्वारा घोषणा कइल गइल। एह संस्था द्वारा मैट्रिक परीक्षा 2022 में जिला के आ किसान मजदूर उच्च विद्यालय सह इंटर कॉलेज टारी के तीन-तीन टॉपरन के पुरस्कृत करत 20-20 हजार के चेक प्रदान कइल गइल। संगही मैट्रिक परीक्षा में 90% से जादे अंक ले आवे आला विद्यार्थियन के पुरस्कृत करत चेक प्रदान कइल गइल।

कार्यक्रम में उपस्थित जिला के सैकड़न छात्र के सब तरे के रोजगार परख शिक्षा ग्रहण कs के ओह लो के  सपना के नाया उड़ान देवे ला राज्य सरकार के महत्वाकांक्षी योजना बिहार स्टूडेंट क्रेडिट कार्ड के जानकारियो दिहल गइल। मालूम होखे कि एह योजना के तहत बिहार राज्य से 12वां पास छात्रन के अधिकतम 4 लाख तक के शिक्षा ऋण मुहैया करावल जाला। कार्यक्रम के अध्यक्षता विजार्ड टेक कंप्यूटर एकेडमी टारी बाजार के अध्यक्ष महेश कुमार भगत आ मंच संचालन संतोष कुमार मिश्रा कइले।

कार्यक्रम में ऑल इंडिया बोर्ड ऑफ एजुकेशन एंड स्किल डेवलपमेंट संस्था के अध्यक्ष डॉ पंकज श्रीवास्तव, डायरेक्टर ओम प्रकाश उज्जैन, डॉ एस के उपाध्याय, ओम नाथ पांडे, ओम प्रकाश गुप्ता, मुन्ना कुमार, सोनू कुमार, भगवान जी, प्रदीप कुमार, सुमित कुमार आ जिले के दर्जन भर से बेसी शिक्षाविद सहित मीडिया के सभे स्थानीय प्रतिनिधियन द्वारा हिस्सा लिहल गइल आ नवहन के उच्च शिक्षा ग्रहण कs के नौकरी रोजगार में हिस्सा बनावे ला हौसला-अफजाई करे ला प्रेरित कइल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.