मणिपुर के नोनी जिला में बुध के टूर पs जा रहल दु गो स्कुल बस पलट गइल। हादसा में कम से कम 15 छात्रन के मौत हो गइल। कइयन गो छात्र गंभीर से रूप से घायल बा लोग। अइसन में मौत के आंकड़ा बढ़ सकत बा।
मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, बस थम्बलनू हायर सेकेंडरी स्कूल, यारिपोक के रहे। उ खौपूम के ओर से टूर पs जात रहे। रिपोर्ट्स के मोताबिक 22 छात्रन के इम्फाल के मेडिसिटी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।
Post Views: 6