भारत के टेबल टेनिस खेलाडी अचंता शरत कमल के डब्ल्यूटीटी कंटेडर दोहा चैम्पियनशिप के सेमीफाइनल में हार के संगे कांस्य से संतोष करे के पड़ल। ओहिजा मिश्रित युगल में जी सत्यन आ मनिका के जोड़ी के फाइनल में लिन युन जू आ चेंग आई चिंग के चीनी ताइपे के टॉप सीड जोड़ी से 0-3 से हार के सामना करे के पड़ल। एह जोड़ी के रजत मिलल। शरत छवां गेम के फायदा के इस्तिथी के बादो चीन के युआन लिसेन से 3-4 से हार गइले। दु साल में ई शरत के पहिला पदक हs।
Post Views: 4