जानी अंतर्राष्ट्रीय ओलंपिक दिवस २०२१ के इतिहास, महत्वा आउर समारोह के बारे में।

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 23, 2021

हर साल 23 जून को दुनिया भर में अंतरराष्ट्रीय ओलंपिक दिवस के रूप में मनावल जाला। इ दिन शुरू-शुरू में ओलंपिक के विचार के बढ़ावा देबे खातिर आउर अंतर्राष्ट्रीय ओलंपिक समिति (IOC) के स्थापना के

Share

हर साल 23 जून को दुनिया भर में अंतरराष्ट्रीय ओलंपिक दिवस के रूप में मनावल जाला। इ दिन शुरू-शुरू में ओलंपिक के विचार के बढ़ावा देबे खातिर आउर अंतर्राष्ट्रीय ओलंपिक समिति (IOC) के स्थापना के जश्न मनावे खातिर मनवाल गइल रहे। ए समिति के गठन 23 जून, 1894 के सोरबोन, पेरिस में भइल रहे। ओलंपिक खेलन के पियरे डी कौबर्टिन द्वारा पुनर्जीवित कइल गइल रहे, जइसन कि अंतर्राष्ट्रीय ओलंपिक समिति के वेबसाइट पर बतावल गइल बा।

इतिहास

पहिला ओलंपिक दिवस 23 जून 1948 के वेनेजुएला, बेल्जियम, कनाडा, स्विट्जरलैंड, पुर्तगाल, ग्रीस, ऑस्ट्रिया, ग्रेट ब्रिटेन और उरुग्वे देश में मनावल गइल रहल।

ओलंपिक दिवस के उत्पत्ति के पीछे के कहानी 1948 के ह। ओलंपिक दिवस मनावे के बारे में एगो रिपोर्ट पहिला हाली 1947 में चेकोस्लोवाकिया डॉक्टर ग्रस में आईओसी के सदस्य लो प्रस्तुत कइल रहल ह लो। ए रिपोर्ट के स्टॉकहोम में अंतर्राष्ट्रीय ओलंपिक समिति के 41 वें सत्र में प्रस्तुत कइल गइल रहल, ओलंपिक दिवस के ओलिंपिक के विचार के बढ़ावा देबे खातिर समर्पित दिन मानल जाला।

जनवरी 1948 में IOC के अगिला सत्र में ए प्रस्ताव के अपनावल गइल जे सेंट मोरित्ज़ में आयोजित कइल गइल रहे। आईओसी के गठन के चिह्नित करे खातिर 23 जून के तारीख के राष्ट्रीय ओलंपिक समितियों द्वारा चुनल गइल रहे जे ओहि दिन 1894 में भइल रहे।

महत्व और उत्सव

इ दिन बहुत महत्वपूर्ण बा काहे से कि एकर उद्देश्य लोगन के उम्र के परवाह कइले बिना ओलंपिक के ओर आकर्षित कइल बा। एकर तीनगो स्तंभ ह चलल, सिखल आउर खोजल जेकर उद्देश्य लोग के शारीरिक व्यायाम करे खातिर आकर्षित कइल बा।

पिछिला 20 साल से राष्ट्रीय ओलंपिक समितियों (एनओसी) द्वारा 150 देशों में अंतर्राष्ट्रीय ओलंपिक दिवस पे ओलंपिक दिवस रन के आयोजन कइल जाला। दौड़ के साथ-साथ, हर साल नया- नया गतिविधियन के भी आयोजन कइल जाला, जेकरा में स्कूल में ए दिन के मनावल और शीर्ष एथलीटों से मिलल भी शामिल बा।

ओलंपिक दिवस पे आपन भागीदारी के बढ़ावा देबे खातिर लोग के उनकरा पड़ोस में बाकि आउर गतिविधियन के बारे में भी बतावल जाला।

आगामी टोक्यो ओलंपिक आज से एक महीना बाद शुरू होखे वाला बा। COVID-19 महामारी के कारण एकरा के एक साल खातिर स्थगित का दिहल गइल रहल ह जे अब 23 जुलाई से शुरू होइ आउर 8 अगस्त 2021 के पूरा होइ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.