Badminton: सात्विक-चिराग रचलें इतिहास, एशियाई बैडमिंटन चैंपियनशिप में देस के 58 साल बाद दिलावल लो सोना

Anurag Ranjan

सात्विकसाईराज रेंकी रेड्डी आ चिराग शेट्टी इतिहास रच देलें। भारतीय जोड़ी अतवार के 58 साल के बाद देस के एशियाई बैडमिंटन चैंपियनशिप के खिताब दिलवलस। एकरा पहिले पूर्व भारतीय खिलाड़ी दिनेश खन्ना 1965 में पुरुष एकल में स्वर्ण पदक दिलवले रहस। ऊ लखनऊ में फाइनल में थाईलैंड के सांगोब रत्तानुसोर्न के हरवले रहस।

पिछला साल विश्व चैंपियनशिप के कांस्य पदक विजेता सात्विक-चिराग के जोड़ी एगो गेम गववला के बादो सानदार वापसी करत मैच 21-16, 17-21, 19-21 से अपना नामे कs लेलस। एह चैंपियनशिप के पुरुष युगल में भारत के ई पहिला स्वर्ण पदक हs। एशियाई चैंपियनशिप में पुरुष युगल में भारत के पिछला सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन 1971 में रहल रहे। तब दीपू घोष आ रमन घोष कांस्य-पदक अपना नामे कइले रहे। भारतीय बैडमिंटन संघ सात्विकसाईराज रेंकी रेड्डी आ चिराग शेट्टी के 20 लाख रुपिया के पुरस्कार राशि देवे के एलान कइले बा।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दुनो खेलाडियन के बधाई देलें बाडें। ऊ ट्वीट कs के लिखलें- सात्विकसाईराज रेंकी रेड्डी आ चिराग शेट्टी के इतिहास रचे पs सभे के गरब बा। दुनो खेलाड़ियन के बधाई आ भविष्य खातिर सुभकामना।

सेमीफाइनल में चीनी ताइपे के खिलाड़ी रिटायर भइल रहे लो

एकरा पहिले दुनो फाइनल में पहुंचते इतिहास रच देले रहे लो। ऊ बैडमिंटन एशिया चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंचे वाला भारत के पहिला पुरुष बैडमिंटन जोड़ी बन गइल रहे। सेमीफाइनल में उनकर विपक्षी रिटायर हो गइल रहे लो आ भारतीय जोड़ी के वॉकथ्रू मिल गइल रहे। कवनो भारतीय पुरुष जोड़ी 52 साल बाद फाइनल में पहुंचल रहे। सेमीफाइनल में चीनी ताइपे के ली यांग आ वांग ची-लिन के जोड़ी के खिलाफ पहिला गेम सात्विक आ चिराग जीतले रहे लो। ओहिजा, ऊ लोग दूसरका गेम में 13-14 से पीछे चलत रहे लो। हालांकि, चीनी ताइपे के खिलाड़ी अनफिट होखे के वजह से रिटायर होखे के फैसला लिहल लो आ भारतीय खिलाड़ी फाइनल में पहुंच गइल रहे लो।

बर्मिंघम राष्ट्रमंडल खेलन में जीतले रहे लो सोना

पुरुष युगल में दुनिया के छठा नंबर के सात्विक-चिराग के जोड़ी एकरा पहिले बर्मिंघम राष्ट्रमंडल खेलन में भारत के पुरुष युगल में स्वर्ण पदक दिलवले रहे लो। ई दुनो खेलाड़ी देस के पहिला बेर राष्ट्रमंडल खेलन में पुरुष युगल में स्वर्ण पदक दिलवले रहे। तब सात्विक आ चिराग फाइनल में इंग्लैंड के बेन लेन आ सीन वेंडी के जोड़ी के 21-15, 21-13 से हरवले रहे लो।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।