[the_ad_group id="30365"]

सात्विक-चिराग के जोड़ी कइलस स्विस ओपन के खिताब पs कब्जा, एकतरफा अंदाज में मरलस फाइनल में बाजी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वर्ल्ड चैंपियनशिप में कांस्य पदक अपना नामे कs चुकल सात्विक साइराज रंकीरेड्डी आ चिराग शेट्टी के जोड़ी एगो बड़ उपलब्धि हासिल कs लेलस। सात्विक-चिराग के जोड़ी स्विस ओपन के डबल्स खिताब के अपना नावे कs लिहल लो। फाइनल मुकाबला में भारतीय जोड़ी चीन के रेन शियांग यू आ तान कियांग के एकतरफा अंदाज में 21-19, 24-22 से शिकस्त देलस।

सात्विक-चिराग जमावल लो खिताब पs कब्जा

सात्विक-चिराग खिताबी मुकाबला में सुरुआते से दमदार खेल दिखावल लो आ विपक्षी जोड़ी के वापसी करे के कवनो मवका बा दिहल लो। 54 मिनट तक चलल मुकाबला में सात्विक-चिराग पूरा तरे से हावी नजर आइल लो। विश्व के 21वीं नंबर के रेन शियांग आ कियांग के जोड़ी पूरा मैच में बैकफुट पs दिखाई देलस आ ऊ भारतीय जोड़ी के कवनो तरे से कवनो टक्कर ना दे सकल।

भारत के झोली में आइल सीजन के पहिला खिताब

भारत के सात्विक आ चिराग के जोड़ी एह सीजन के पहिला खिताब दिलवले बा लो। एकरा पहिले पिछला हफ्ता सात्विक-चिराग ऑल इंग्लैंड चैंपियनशिप के दूसरके दौर में हारके बाहर हो गइल रहे लो। भारतीय जोड़ी विश्व स्तर पs ई पांचवां खिताब अपना नावे कइल लो। एकरा पहिले सात्विक-चिराग इंडियन ओपन, फ्रेंच ओपन, थाईलैंड ओपन आ हैदराबाद ओपन पs कब्जा जमा चुकल बा लो। ओहिजा, ई जोड़ी 2022 कॉमनवेल्थ गेम्स में गोल्ड मेडल के अपना नावे कइले रहे।

स्विस ओपन में भारत के दमदार रहल बा प्रदर्शन

स्विस ओपन में अबतक के भारत के प्रदर्शन सानदार रहल बा। साल 2022 में पीवी सिंधु एह खिताब पs कब्जा कइले रहली , तs साइना नेहवाल 2011 आ 2012 में स्विस ओपन जीतले रहली। किदांबी श्रीकांत साल 2015 आ एचएस प्रणय 2016 में एह खिताब पs कब्जा जमवले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]