[the_ad_group id="30365"]

Indonesia Open 2023: सात्विक-चिराग के जोड़ी बनल चैंपियन, सुपर 1000 टूर्नामेंट जीते वाला पहिला भारतीय जोड़ी बनल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के सात्विकसाईराज रंकीरेड्डी आ चिराग शेट्टी मलेशिया के आरोन चिया आए सो वूई यिक के हराके इंडोनेशिया ओपन 2023 के फाइनल जीत लिहल लो। भारतीय जोड़ी 43 मिनट तक चलल पुरुष युगल के फाइनल में 21-17, 21-18 से जीत दर्ज कइलस। सात्वकि आ चिराग, चिया आ वूई यिक पs सीधे गेम में जीत के बाद बीडब्ल्यूएफ 1000 इवेंट जीते वाली पहिला भारतीय जोड़ी बन गइल बिया। सात्विक-चिराग बीतल साल सुपर-750 फ्रेंच ओपन के खिताब जीते वाली पहिला भारतीय जोड़ी बनल रहे। विश्व बैडमिंटन रैंकिंग में छठा नंबर के पुरुष जुगल जोड़ी सात्विक साईराज रैंकीरेड्डी आ चिराग शेट्टी  बर्मिंघम राष्ट्रमंडल खेलन में स्वर्ण पदक जीतले रहे।

सेमीफाइनल में संघर्ष करे वाली भारतीय जोड़ी के फाइनल में उम्मेद के मोताबिक आसान जीत मिलल। एह मैच में सुरुआते से भारतीय जोड़ी हावी रहल आ पहिला सेट 21-17 से अपना नामे कs लिहल। ओहिजा, दूसरको सेट सात्विक-चिराग 21-18 के अंतर से अपना नामे कs के इतिहास रच दिहल लो। पिछला एक साल में ई दुनो भारत के सबसे सफल खिलाड़ियन में सामिल रहल बा लो।

सेमीफाइनल में करे के पड़ल रहे संघर्ष

सेमीफाइनल मैच के पहिला गेम में सात्विक-चिराग के सुरुआत अच्छा ना रहल। 3-6 से पिछड़ला के बाद भारतीय जोड़ी 15-19 से पीछे हो गइल आ गेम 17-21 से हार गइल, बाकिर दूसरका गेम में सुरुआते से भारतीय जोड़ी वर्चस्व बनाके रखलस आ गेम के मध्यांतर तक 11-4 के बढ़त बना लेले रहे लो, अंत में स्कोर 18-15 हो गइल, बाकिर सात्विक-चिराग एकरा बाद गेम 21-19 से अपना नामे कs लिहल। तीसरका गेम में दुनो जोड़ी 5-5 से बराबर रहे एकरा बाद सात्विक-चिराग 12-5 के बढ़त बना लिहल लो। कोरियाई जोड़ी वापसी करत 16-16 से बराबरी कs लेलस। बाकिर इहां से सात्विक-चिराग मैच अपना नामे कs लिहल लो।

कवना आधार पs तय होला खिताब

बैडमिंटन वर्ल्ड फेडरेशन (BWF) वर्ल्ड टूर के छव गो स्तर में विभाजित कइल गइल बा। वर्ल्ड टूर फाइनल, चार सुपर 1000, छह सुपर 750, सात सुपर 500 आ 11 सुपर 300। टूर्नामेंट के एगो आउर श्रेणी, BWF टूर सुपर 100 स्तर, रैंकिंग अंको प्रदान करेला। एमे से प्रत्येक टूर्नामेंट अलग-अलग रैंकिंग अंक आ पुरस्कार राशि प्रदान करेला। सुपर 1000 स्तर पs सबसे जादे अंक आ पुरस्कार पूल के पेशकश कइल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]