[the_ad_group id="30365"]

सारेगामा कारवां लांच कइलस आपन पहिला मोबाइल, ई बा एकर फीचर्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हर हफ्ता देश भर में बहुत सारा स्मार्टफोन लॉन्च कईल जाला जवन कि नाया फीचर, स्पेसिफिकेशन आदि के संगे आवेला। ताज़ा मोबाइल फोन बाजार में आपन जगह बना लेले बा। भारत में मोबाइल फोन के दाम सिर्फ बजट नईखे बालुक हरेक नाया मोबाइल में कुछ नाया तकनीकी अपग्रेड के संगे आवेला।
एही में सारेगामा कारवां आपन एगो नया मोबाइल लांच कइले बा। ई फोन फीचर फोन अवुरी रेट्रो संगीत प्रेमी लोग खातिर एगो बढ़िया विकल्प बा।

सारेगामा कारवां मोबाइल, पहिला बेर फीचर फोन बा जवना में प्री-लोड गाना बा। एकरा में सुपर पावरफुल स्पीकर के संगे 1500 प्री-लोडेड एवरग्रीन हिंदी गाना दिहल गईल बा। क्लासी एंड प्रीमियम लुक, डिजिटल कैमरा, 2500 एमएएच के लंबा समय तक चले वाली बैटरी, इन-बिल्ट एफएम, मजबूत अवरू बड़ डिस्प्ले, कारवान मोबाइल फीचर फोन अवरू रेट्रो म्यूजिक प्रेमी लोग खातिर एगो बढ़िया विकल्प बा। हाथ से चुनल 1500 सुपरहिट सदाबहार गीतन के संग्रह में गीतन के आसान चयन खातिर लता मंगेशकर, आशा भोसले, किशोर कुमार आदि कलाकारन के नाम भा रोमांस, सैड & अधिक जइसन मूड्स के आधार पर श्रेणीबद्ध कइल गइल बा।

इ आपके इमेज, वीडियो, म्यूजिक अवरू बहुत कुछ खातिर 2 जीबी फ्री मेमोरी स्पेस देवेला। इ फोन कई भाषा के सपोर्ट करेला जवना से आप अपना प्रियजन के संगे सहजता से संवाद क सकेनी। एगो बटन दबाईं, टॉर्च के लाइट के रोशन करीं ताकि सबकुछ उज्ज्वल & साफ हो जाव।
फोन के संगे 1 साल के वारंटी दिहल गईल बा।

जानीं का बा एकर विशेषता

  • 1500 प्री-लोड सदाबहार गीत
  • डबल सिम (नैनो सिम अवरू स्टैंडर्ड सिम साइज के सपोर्ट)
  • 2.4 इंच के डिस्प्ले: बड़ डिस्प्ले
  • 2500 एमएएच के बैटरी
  • 8 जीबी के मेमोरी कार्ड बा; 2जीबी फ्री मेमोरी स्पेस
  • एफएम रेडियो
  • 2.5D पीएमएमए ग्लास – कठोर, गैर टूटे वाला ग्लास
  • डिजिटल कैमरा
  • एमटीके प्रोसेसर – पावर पैक कइल गइल प्रदर्शन
  • बाहरी स्पीकर/ हेडफोन के जोड़े खातिर 3.5 मिमी ऑडियो जैक
  • ऑटो कॉल रिकॉर्डिंग
  • खेल – एफ 1 रेस
  • बहु भाषा के समर्थन
  • मेगा टॉर्च लाइट
  • ब्लूटूथ
  • आवाज के रिकार्डिंग
  • आयाम: (डब्ल्यू) 52 मिमी x (एच) 127 मिमी x (डी) 14.2 मिमी; वजन: 203 ग्राम लगभग
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]