Chhapra News : आईटीआई पास नवहन खातिर सुनहरा अवसर, 26 अगस्त के लागी नियोजन कैंप

Share

छपरा। सारण जिला के बेरोजगार नवहन खातिर एगो बड़ अवसर सामने आइल बा। जिला प्रशासन आ प्रादेशिक नियोजनालय के ओर से 26 अगस्त 2025 के एकदिवसीय नियोजन कैंप (Saran job fair )के आयोजन कइल जा रहल बा। एह कैंप में HRVS INDIA PVT. LTD. कंपनी ऑपरेटर आ हेल्पर के 50 पदन पs भरती करी।

कैंप के स्थान आ समय

नियोजन कैंप के आयोजन BSDC गरखा, गरखा प्रखंड परिसर में कइल जाई। ई कार्यक्रम सबेरे 11 बजे से सुरू होई।

भरती से जुड़ल मुख्य बात

पदन के संख्या: 50 (ऑपरेटर और हेल्पर)
न्यूनतम योग्यता: मैट्रिक, इंटर या आईटीआई
आयु सीमा: 18 से 30 वर्ष
वेतनमान: ₹17,242 से ₹20,000 प्रतिमाह
नौकरी के स्थान: नोएडा

Saran job fair : ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन अनिवार्य

उम्मीदवारन के नियोजन कैंप में सामिल होखे खातिर राष्ट्रीय करियर सेवा पोर्टल (ncs.gov.in) पs पंजीकरण करे के होई।

जे उम्मीदवार खुद ऑनलाइन पंजीकरण नइखे कs सकत, उ अवर प्रादेशिक नियोजनालय, छपरा कार्यालय जाके पंजीकरण कs सकत बा। कैंप के दिन मवका पs पंजीकरण के सुविधा उपलब्ध रही।

नवहन खातिर सुनहरा अवसर

ई नियोजन कैंप नवहन के रोजगार उपलब्ध करवला के संगे-संगे निजी क्षेत्र में काम करे के अनुभव दी। जिला प्रशासन जादे से जादे बेरोजगार नवहन से एह अवसर के लाभ उठावे के अपील कइले बाड़ें। विशेषकर उ अभ्यर्थी जे लमहर समय से नौकरी के तलाश में बा लो, ओकरा खातिर ई एगो सुनहरा मवका बा।

Read Also : VP Election : NDA उम्मीदवार राधाकृष्णन नॉमिनेशन भरलें: मोदी पहिला प्रस्तावक; 9 सितंबर के होई  चुनाव

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-