VP Election : NDA उम्मीदवार राधाकृष्णन नॉमिनेशन भरलें: मोदी पहिला प्रस्तावक; 9 सितंबर के होई  चुनाव

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 20, 2025

नई दिल्ली। NDA के उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार (VP Election) सीपी राधाकृष्णन नामांकन दाखिल कs देले बाड़ें। पीएम नरेंद्र मोदी पहिला प्रस्तावक बनलें। नामांकन के दौरान गृह मंत्री अमित शाह, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ

Share

नई दिल्ली। NDA के उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार (VP Election) सीपी राधाकृष्णन नामांकन दाखिल कs देले बाड़ें। पीएम नरेंद्र मोदी पहिला प्रस्तावक बनलें। नामांकन के दौरान गृह मंत्री अमित शाह, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा सहित कइयन गो नेता मवजूद रहे लो। नॉमिनेशन से पहिले राधाकृष्णन संसद परिसर में इस्थित गांधी प्रतिमा पs फूल चढवलें।

17 अगस्त के भइल भाजपा संसदीय दल के बैठक में उनका नाम पs सहमति बनल रहे। भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा प्रेस कॉन्फ्रेंस कs के राधाकृष्णन के नाम के ऐलान कइले रहस।

राधाकृष्णन के मुकाबला (VP Election) विपक्षी गठबंधन के उम्मीदवार सुप्रीम कोर्ट के रिटायर्ड जस्टिस बी सुदर्शन रेड्डी से होई। खास बात ई बा कि दुनो उम्मीदवार दक्षिण से बा लोग। रेड्डी 21 अगस्त के नामांकन करिहें।

उपराष्ट्रपति चुनाव खातिर 9 सितंबर के वोटिंग होई। ओहि दिन काउंटिंगो होई। नामांकन दाखिल करे के आखिरी तारीख 21 अगस्त बा। 25 अगस्त तक उम्मीदवारी वापस लिहल जा सकत बा।

दरअसल, उपराष्ट्रपति के चुनाव (VP Election) जगदीप धनखड़ के 21 जुलाई के रात अचानक इस्तीफा देवे के वजह से हो रहल बा। 74 साल के धनखड़ के कार्यकाल 10 अगस्त 2027 तक रहे।

Read Also : Gorakhpur News : डीडीयू में बेहतर प्लेसमेंट खातिर हर विभाग करी गाइडेंस आ ट्रेनिंग सत्र के आयोजन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.