Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs SA: पहिला टी20 में संजू के टॉप शो, स्पिनर्स के जाल में उलझल दक्षिण अफ्रीका, भारत के सीरीज में 1-0 से बढ़त

479

IND Vs SA: भारत दक्षिण अफ्रीका के डरबन में खेलल गइल पहिला टी20 मैच में 61 रन से हराके चार मैचन के टी20 सीरीज में 1-0 के बढ़त बना लेले बा। टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल भारतीय टीम संजू सैमसन के 107 रन के विस्फोटक पारी के दम पs 20 ओवर में आठ विकेट पs 202 रन बनवलस। जवाब में दक्षिण अफ्रीका 17.5 ओवर में 141 रन बना सकल। अब टीम इंडिया के नजर दूसरका टी20 पs होई जवन 10 नवंबर के खेलल जाई।

भारतीय गेंदबाज तुड़ल लो दक्षिण अफ्रीका के कमर

लक्ष्य के पीछा करे उतरल मेजबान टीम के पहिला झटका पहिलके ओवर में अर्शदीप सिंह देलें। ऊ कप्तान एडेन मार्करम के आपन शिकार बनवलें। ऊ खाकी आठ रन बना सकलें। एकरा बाद आवेश खान चउथा ओवर में ट्रिस्टन स्टब्स के निशाना बनवले । ऊ 11 रन बनाके पवेलियन लवट गइलें। एकरा अलावे रयान रिकलटन 21 रन बनाके आउट हो गइलें। 44 के स्कोर पs तीन विकेट गंवा चुकल दक्षिण अफ्रीका के एगो लमहर आ मजबूत साझेदारी के दरकार रहे। अइसन में हेनरिक क्लासेन आ डेविड मिलर मोर्चा संभारल लो। दुनो के बीच चउथा विकेट खातिर 42 रन के साझेदारी भइल, जवना के वरुण चक्रवर्ती तुड़लें। ऊ एके ओवर में दुनो के आउट कइलें। क्लासेन 25 आ मिलर 18 रन बनाके रवाना हो गइल लो। एकरा अलावा पैट्रिक क्रूगर एक, मार्को यानसेन 12, एंडिले सिमेलेन छह, गेराल्ड कोएत्जी 23, केशव महाराज पांच आ पीटर पांच* रन बनावल लो। भारत खातिर वरुण चक्रवर्ती आ रवि बिश्नोई ने तीन-तीन विकेट चटकावल लो, जबकि आवेश खान के दुगो सफलता मिलल। ओहिजा, अर्शदीप सिंह एक विकेट अपना नामे करे में कामयाबी हासिल कइलें।

संजू सैमसन बचवलें टीम इंडिया के बल्लेबाजी क्रम के लाज

भारत दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ 20 ओवर में आठ विकेट पs 202 रन बनवलस। टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल भारतीय टीम के सुरुआत सानदार भइल। संजू सैमसन आ अभिषेक शर्मा के बीच पहिला विकेट खातिर 24 रन के साझेदारी भइल। कोएत्जी एह पार्टनरशिप के तुड़लें। ऊ अभिषेक के आपन शिकार बनवलें। ऊ खाली सात रन बना सकलें। एकरा बाद मोर्चा सूर्यकुमार यादव संभरलें। ऊ दूसरका विकेट खातिर संजू के संगे 66 रन के साझेदारी कइलें। कप्तान 17 गेना में 21 रन बनाके पवेलियन लवटलें। एकरा बाद तिलक वर्मा सलामी बल्लेबाज के संगे देलस। दुनो के बीच 77 रन के पार्टनरशिप भइल। तिलक 33 रन बनाके आउट भइलें। 47 गेना में विकेटकीपर बल्लेबाज सैमसन शतक जड़लें। ई उनका टी20 अंतरराष्ट्रीय करिअर के दूसरका शतक हs। ऊ लगातार दूसरका मैच में शतक लगवलें। ऊ 50 गेना में 214 के स्ट्राइक रेट से 107 रन बनाके आउट भइलें।

एकरा अलावे भारत खातिर हार्दिक पांड्या दु, रिंकू सिंह 11, अक्षर पटेल सात, रवि बिश्नोई एक आ अर्शदीप सिंह पांच* रन बनावल लो। दक्षिण अफ्रीका खातिर गेराल्ड कोएत्जी तीन विकेट चटकवलें। एकरा अलावे मार्को यानसेन, केशव महाराज, पीटर आ क्रूगर एक-एक विकेट लेलें।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.