सानिया आ बोपन्ना मियामी ओपन से बाहर

Anurag Ranjan

भारत के रोहन बोपन्ना आ सानिया मिर्जा अपना-अपना युगल मैच के क्वार्टर फाइनल में हारके मियामी ओपन टेनिस से बाहर हो गइल बा लो। बोपन्ना आ कनाडा के डेनिस शापोवालोव के जोड़ी नीदरलैंड के वेस्ले कुलहोफ आ ग्रेट ब्रिटेन के नील स्कूप्स्की के छठी वरीयता आला जोड़ी से 2-6, 1-6 से हार गइल।

रोहण बोपन्ना

सानिया आ बेल्जियम के कस्र्टन फ्लिपकेन्स के जोड़ी  रूस के एकातेरिना अलेक्जेंड्रोवा आ चीन के चाओसुआन यांग से 3-6, 6-7 से हार गइल। दुनों खेलाडी के हार के संगे भारत के एह टूर्नामेंट में चुनौती खतम हो गइल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।