Samsung Galaxy A26 5G भारत में लॉन्च, 5000mAh के बा बैटरी; कीमत खाली 24,999 रुपिया

Anurag Ranjan

टेक्नोलॉजी डेस्क : Samsung Galaxy A26 स्मार्टफोन भारत में लॉन्च हो गइल बा। ई फोन कंपनी के A-सीरीज लाइनअप के बजट फोन बा। सैमसंग के एह फोन के 24,999 रुपिया के सुरुआती कीमत में पेश कइल गइल बा। एह फोन के Super AMOLED डिस्प्ले, इन-होम Exynos प्रोसेसर, ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप के संगे बाजार में उतारल गइल बा। इहां हमनी के रउआ के सैमसंग के एह फोन के कीमत आ स्पेसिफिकेशन्स के बारे में डिटेल में जानकारी दे रहल बानी सs।

Samsung Galaxy A26 के खुबी

सैमसंग के लेटेस्ट Galaxy A26 5G स्मार्टफोन में 120Hz रिफ्रेश रेट वाला 6.7-इंच के FHD+ Super AMOLED डिस्प्ले दिहल गइल बा। एह डिस्प्ले के मैक्सिमम ब्राइटनेस 1,000 निट्स, जवन Corning Gorilla Glass Victus+ प्रोटेक्शन के संगे आवेला। सैमसंग के एह फोन में सेल्फी कैमरा खातिर U शेप के नॉच मिलेला। एह फोन में सेल्फी खातिर 13MP के फ्रंट कैमरा दिहल गइल बा।

रियर कैमरा सेटअप के बात करीं तs एमे 50 मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा मिलत बा। जवन ऑप्टिकल इमेज स्टेबिलाइजेशन (OIS) सपोर्ट करत बा। एकरा संगही फोन में 8MP के अल्ट्रावाइड लेंस आ 2MP के मैक्रो कैमरा मिलत बा। सैमसंग के एह फोन में Exynos 1380 प्रोसेसर दिहल गइल बा, जवन कंपनी Galaxy A35 स्मार्टफोन दिहल गइल रहे। सैमसंग के ई फोन 8GB तक रैम आ 256GB तक स्टोरेज के संगे लॉन्च कइल गइल बा। एमे माइक्रोएसडी कार्ड के स्लॉट दिहल गइल बा।

सैमसंग एह बजट फोन में 5000mAh के बैटरी के संगे 25W फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट दिहल गइल बा। ई फोन एंड्रॉइड 15 पs आधारित One UI 7 पs रन करत बा। कंपनी के कहनाम बा कि एह फोन में 6 साल अपडेट मिली। एकरा संगही फोन में Circle to Search आ Object Eraser जइसे Samsung के AI फीचर्स फीचस् मिली। ई IP67 रेटिंग के संगे आवेला। आउर फीचर्स के बात करीं तs एमे साइड-माउंटेड फिंगरप्रिंट स्कैनर, स्टीरियो स्पीकर्स आ कॉन्टैक्टलेस पेमेंट्स खातिर NFC सपोर्ट सामिल बा।

Samsung Galaxy A26 के कीमत

Galaxy A26 5G स्मार्टफोन के दुगो वेरिएंट में लॉन्च कइल गइल बा। ई फोन Awesome Black, Mint, White आ Peach कलर ऑप्शन में आवेला।
8GB+128GB – 24,999 रुपिया
8GB+256GB – 27,999 रुपिया

एह फोन के Flipkart, Samsung के ऑफिशियल वेबसाइट आ रिटेल स्टोर्स से किनल जा सकत बा। लॉन्च ऑफर्स के बात करीं तs HDFC आ SBI क्रेडिट कार्ड पs 2,000 रुपिया के इंस्टेंट डिस्काउंट मिल रहल बा।

Read Also: Apple Watch: एपल कs रहल बा बड़ तइयारी, स्मार्टवॉच में मिली कैमरा, फोन के हो जाई छुट्टी

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।