Apple Watch: एपल कs रहल बा बड़ तइयारी, स्मार्टवॉच में मिली कैमरा, फोन के हो जाई छुट्टी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2025

टेक डेस्क: जदि रउआ चाहत बानी कि एगो अइसन स्मार्टवॉच होखे जेमे कैमरा होखे ताकि रउआ अपना स्मार्टफोन के अलविदा कह सकीं तs रउआ खातिर गुड न्यूज बा। Apple अपना स्मार्टवॉच में कैमरा के इंटिग्रेट

Share

Apple Watch: एपल कs रहल बा बड़ तइयारी, स्मार्टवॉच में मिली कैमरा, फोन के हो जाई छुट्टी

टेक डेस्क: जदि रउआ चाहत बानी कि एगो अइसन स्मार्टवॉच होखे जेमे कैमरा होखे ताकि रउआ अपना स्मार्टफोन के अलविदा कह सकीं तs रउआ खातिर गुड न्यूज बा। Apple अपना स्मार्टवॉच में कैमरा के इंटिग्रेट करे के योजना बना रहल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, Apple Watch Ultra में क्राउन आ साइड बटन के लगे एगो कैमरा हो सकत बा, जवना से उपयोगकर्ता अपना अगल-बगल के कवनो वस्तु के स्कैन कs के ओकर जानकारी प्राप्त कs सकी लो। एही तरे Apple Watch के स्टैंडर्ड सीरीज में ई फीचर जोड़ल जा सकत बा।

Apple Watch में कैमरा का नया फीचर

ई जानकारी ब्लूमबर्ग के मार्क गुरमन से मिलल बा। अपना पावर ऑन न्यूजलेटर के नया वर्जन में ऊ Apple के स्मार्टवॉच सीरीज, खास कs के Watch Ultra आ स्टैंडर्ड सीरीज के लेके नया योजनन के खुलासा कइलें। Apple जहां iPhone में आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा बना रहल बा, ओहिजा अब ऊ अपना स्मार्टवॉच में “विज़ुअल इंटेलिजेंस” के सामिल कइल चाहत बा लो।

ई एगो विज़ुअल लुकअप टूल होई, जवन उपयोगकर्तन के वस्तुअन आ जगहन के पहचान करे आ ओकरा बारे में जानकारी प्राप्त करे में मदद करी। ई पूरा तरे से Apple Intelligence, माने iPhone निर्माता के AI तकनीक पs आधारित होई।

कैमरा कहां होई आ ई कइसे काम करी?

एह योजना के तहत, स्टैंडर्ड Apple Watch में कैमरा स्क्रीन के अंदर एम्बेड कइल जा सकत बा, जवन iPhone के फ्रंट-फेसिंग कैमरा जइसन होई। ओहिजा, Watch Ultra मॉडल में एकरा के क्राउन आ साइड बटन के बीच में लगावल जा सकत बा। गुरमन के कहनाम बा कि Watch Ultra के बॉडी स्टैंडर्ड मॉडल के तुलना में मोट होई, जवना से Apple के लगे एमे नया फीचर्स जोड़े खातिर जादे जगह उपलब्ध होई।

रिपोर्ट के अनुसार, Apple Watch Ultra उपयोगकर्ता अपना वॉच के कैमरा के कवनो ऑब्जेक्ट के ओर इंगित कs के ओकरा के स्कैन कs सकी लो। दूसरका ओर, स्टैंडर्ड Apple Watch उपयोगकर्तन के एह प्रक्रिया खातिर आपन कलाई के घुमावे के पड़ सकत बा।

Read Also: UP Government : यूपी सरकार के आठ साल पूरा होखला पs भाजपा मना रहल बिया उत्सव, सीएम पुस्तिका जारी कइलें

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.