Samastipur Fire: समस्तीपुर में भीषण आगलगी में करीब 80 घर जर गइल, 8 साल के लइकी के मौत, कई गो मवेशियो मरले

Sonu Kishor

Samastipur Massive Fire: समस्तीपुर में बियफे (25 अप्रैल) के दुपहरिया में भीषण आगलगी के घटना में आठ साल के लइकी के झुलसा के मौत हो गइल।।हादसा में कई गो मवेशियो आग के चपेट में आके मर गइले। घटना समस्तीपुर के बिथान थाना क्षेत्र के सिहमा पंचायत के खैराकोट गांव के हऽ। एह घटना में करीब 80 गो घर के जरे के बात सामने अइल बा।

मृतक लइकी के पहचान गांवे के पृथ्वी कुमार के आठ बरिस के बेटी नेहा कुमारी के रूप में भइल बा। घटना के लेके ग्रामीण लो बतावल कि जब आग लागल तऽ लइकी घर मे भीतर सुतल रहे। आग लगला के बाद परिजन लो ओकरा से बाहर ना निकाल पावल। एकरा चलते लइकी  घरे में सुतल रह गइल आ झुलसला से ओकर मौत हो गइल। घटना में कई गो बकरी आ एगो गाय मरल बिया।

कई घंटा के मशक्कत के बाद आग पऽ पावल गइल काबू

ग्रामीण लो के अनुसार खैराकोट गांव निवासी ब्रह्मदेव यादव के घर में सबसे पहिले आग लागल। जब ले लोग कुछ समझ पाइत तब ले आग आपन विकराल रूप ले लेले। देखते-देखत आसपास के करीब 80 घर एकरा चपेट में आ गइल। ए घटना में घर में राखल सामान जर के राख हो गइल। घटना के बाद जुटल ग्रामीण लो पंप सेट के माध्यम से आग बुझावे के प्रयास कइल। फेर सूचना पs पहुंचल फायर ब्रिगेड के तीन गाड़ी काफी परयास के बाद आग पs काबू पवलस।

पीड़ितन के मिली सरकारी स्तर पर मिले वाला  सुविधा

एह पूरा मामले में सीओ रूबी कुमारी बतवली कि आगलगी के घटना में लगभग 80 घर जर गइल बा। एकर सूची तैयार करे खातिर सीआई के निर्देश दिहल गइल बा। सब पीड़ित परिवार के सरकारी स्तर पs मिले वाली सुविधा दिहल जाई।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...