[the_ad_group id="30365"]

दुर्घटना : कोलकाता के बड़ाबाजार में लागल आग से मचल अफरा-तफरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोलकाता : तपल गरमी में आग लागे के घटना बढ़ गईल बा। कोलकाता के बड़ाबाजार इलाका में सोमार के सबेरे आग के घटना सोझा आईल। एह दौरान ओह इलाका में अराजकता मच गइल जब स्थानीय लोग प्रशासन आ दमकल विभाग के एह बारे में जानकारी दिहल तs तुरते एक अधिकारी से दोसरा अधिकारी ले पहुँच गइल।एह दौरान आग पs काबू पावे में घंटन लागल। मालूम बा कि गर्मी के दौरान आग लागे के घटना बढ़ जाला। अयीसना में सभके सावधान अवुरी जागरूक रहे के जरूरत बा। कवनो अइसन काम मत करीं जवना से आग लाग सके।

का मामिला रहे

सोमार के सबेरे लोग अपना घर में सुतल रहले जबकि कुछ लोग सड़क पs सबेरे टहलत रहले। एही बीच पश्चिम बंगाल के राजधानी कोलकाता के बड़ाबाजार इलाका के एगो भवन में अचानक आग लाग गईल। ई एगो बढ़िया संजोग रहे कि सबेरे के समय रहे। सूचना पहुंचते पुलिस, प्रशासन अवुरी दमकल विभाग के गाड़ी तुरंत उहाँ पहुंच गईल। ना तs कवनो बड़ घटना हो सकत रहे।

स्थानीय लोग बतवले कि घटना सबेरे 5.15 बजे भईल। उs लोग सबेरे टहलत रहले कि देखले कि बिल्डिंग के भीतर से धुआं निकलता। इs देख के उs लोग समझ गईले कि आग लागल बा अवुरी बिना देरी के उs लोग संबंधित अधिकारी के सूचना देले। जवना चलते सभे समय से उहाँ पहुंचले अवुरी आग के फइलले से रोकल गईल। ना तs गरमी के दौरान आग तेजी से फइलल आग पs काबू पावे खातिर 15 गो फायर टेंडर भेजल गइल।

आग कईसे शुरू भईल, जांच चलता

कोलकाता के भीड़भाड़ वाला बड़ाबाजार इलाका में एगो आवासीय भवन में आग कईसे लागल, इs जांच के विषय बा। दमकल आ आपातकालीन सेवा विभाग के एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवले कि शहर के बीचोबीच नाखोदा मस्जिद के लगे गोविंदो मोहन लेन पs बनल एगो आवासीय भवन में आग लागल बा, जवना के जांच जारी बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]