बिहार: पांच ज्योतिर्लिंगन के दर्शन कराई भारत गौरव ट्रेन, स्लीपर के किराया 20 हजार रुपिया
रेलवे यात्रियन के भारत दर्शन करावे खातिर लिए भारत गौरव ट्रेन चलाएगा। खास बात ई बा कि एह ट्रेन से यात्रियन के पांच ज्योतिर्लिंग के दर्शन करावाल जाई।
भारत गौरव योजना के तहत ई ट्रेन 20 मई के कोलकाता से चलके 21 मई के समस्तीपुर पहुंची। समस्तीपुर रेल मंडल के वरिष्ठ मंडल वाणिज्य प्रबंधक चंद्रशेखर प्रसाद बियफे के मंडल रेल प्रबंधक कार्यालय इस्थित मंथन सभागार में प्रेस वार्ता आयोजित कइलें। एह दौरान ऊ कहलें कि भारत गौरव ट्रेन पांच ज्योतिर्लिंगन के दर्शन कराई। ई 12 दिन के टूर होई ।ऊ बतवलें कि 14 कोच के एह ट्रेन में सात स्लीपर, तीन गो एसी थ्री, एगो सेकेंड क्लास एसी कोच, एगो पेंट्रीकार आ दुगो एसएलआर सामिल बा। एलएचबी रैक बा। मवका पs संजीव कुमार, मनीष कुमार, प्रमोद कुमार आदि उपस्थित रहे लो।
यात्रा के दौरान मौत पs चार लाख के मुआवजा
ट्रेन में यात्रा के दौरान भजन आ भक्ति संगीत बजी। चिकित्सक के संगही स्पेशल टूरिस्ट गाइड के सुविधा बा। शाकाहारी भोजन के बेवस्था रही। एह ट्रेन में बीमा के सुविधा बा। यात्रा के दौरान जदि केहू के मौत हो जात बा तs तत्काल चार लाख मुआवजा राशि के भुगतान कइल जाई।
15 लोगन के ग्रुप में टिकट बुक करावे पs 15 हजार के छूट
इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कारपोरेशन लिमिटेड के रीजनल मैनेजर राजेश कुमार बतवलें कि एह ट्रेन में छव सौ 56 लोगन के यात्रा करे के बेवस्था बा। अब तक 350 लोग बुकिंग करवले बा। टिकट बुकिंग खातिर आईआरसीटीसी के वेबसाइट पs सुविधा दिहल गइल बा।
एकरा अलावे समस्तीपुर में एरिया ऑफिसर प्रमोद कुमार के मोबाइल नंबर 9771440054 हेल्पलाइन खातिर जारी कइल गइल बा।
समस्तीपुर के लोगन खातिर विशेष ऑफर दिहल गइल बा। एमें 15 लोगन के ग्रुप में टिकट बुक करवला पs प्रति व्यक्ति एक हजार रुपिया के छूट मिली।
ई बा किराया
एमे स्लीपर क्लास के 315 सीट बा, जवना के प्रति व्यक्ति 20 हजार 60 रुपिया किराया बा। थ्री एसी में 297 सीट बा। एमे प्रति व्यक्ति 31 हजार 800 रुपिया किराया बा। सेकेंड एसी में 44 सीट बा, जेमे प्रति व्यक्ति 41 हजार 600 रुपिया किराया बा।
‘एक भारत श्रेष्ठ भारत और देखो अपना देश’ के तहत भारत गौरव ट्रेन के सुरुआत कइल जा रहल बा। समस्तीपुर के लोगन खातिर ज्योतिर्लिंग यात्रा करे के बढ़िया मवका बा।
योजना के तहत उज्जैन में श्री महाकालेश्वर ज्योतिर्लिंग आ श्री ओंकारेश्वर ज्योतिर्लिंग, विश्वामित्री में स्टैच्यू ऑफ यूनिटी, द्वारका में श्री नागेश्वर ज्योतिर्लिंग आ श्री द्वारिकाधीश मंदिर, सोमनाथ में श्री सोमनाथ ज्योतिर्लिंग, शिर्डी में साईं बाबा के दर्शन आ नासिक में श्री त्रयंबकेश्वर ज्योतिर्लिंग आ शनि शिंगनापुर मंदिर के दर्शन करावल जाई।
पहिला बेर अब धर्मशाला के बदले हाेटल में ठहरे के इंतजाम कइल गइल बा। टिकट श्रेणी के हिसाब से वातानुकूलित आ गैर वातानुकूलित होटल में रात्रि विश्राम आ घूमे खातिर बस के बेवस्था रही। कोच में सुरक्षा गार्ड, सफाई कर्मी आ टूर एस्कॉर्ट उपलब्ध रही लो।
साभार: दैनिक जागरण
Comments are closed.